Ramdas Brain Injury : शिक्षा मंत्री रामदास के ब्रेन इंजरी, अब दिल्ली ले आवे के तइयारी; बाथरूम में गिरला से घायल भइल रहस 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 2, 2025

रांची। हेमंत सोरेन सरकार में शिक्षा मंत्री रामदास सोरेन के हालत गंभीर बनल बा। सनिचर के बाथरूम में फिसलके गिरला से उनका माथा में गंभीर चोट आइल बा। चिकित्सकन के अनुसार उनका ब्रेन इंजरी (Ramdas

Share

रांची। हेमंत सोरेन सरकार में शिक्षा मंत्री रामदास सोरेन के हालत गंभीर बनल बा। सनिचर के बाथरूम में फिसलके गिरला से उनका माथा में गंभीर चोट आइल बा। चिकित्सकन के अनुसार उनका ब्रेन इंजरी (Ramdas Brain Injury) भइल बा। फिलहाल उनका के जमशेदपुर के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

राज्य के स्वास्थ्य मंत्री डॉ. इरफान अंसारी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs पोस्ट कs के ई जानकारी साझा कइलें। उ बतवलें कि मंत्री रामदास सोरेन के इस्थिति पs लगातार नजर रखल जा रहल बा आ डॉक्टर लोगन के टीम उनका के बेहतर इलाज खातिर दिल्ली एयरलिफ्ट करे के तइयारी कs रहल बिया।

 

रामदास सोरेन झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) के वरिष्ठ नेता हवे आ कोल्हान क्षेत्र से विधायक बाड़ें। उनकर तबीयत बिगड़ला के खबर मिलतही राज्य सरकार के कई गो मंत्री अस्पताल पहुंचके उनकर हालचाल लिहल। ओहिजा, उनका विधानसभा क्षेत्र से बड़ संख्या में समर्थकन के भीड़ अस्पताल के बाहर जमा हो गइल बिया। फिलहाल डॉक्टरन के सलाह पs केहूओ के मंत्री से मिले के अनुमति नइखे दिहल जा रहल बा।

Read Also : PCB: WCL में भारत के बायकॉट से पाकिस्तान के निकलल दम, देस के नाम के लेके पीसीबी जारी कइलस बेतुका फरमान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.