Jharkhand: बोकारो में पुलिस आ नक्सलियन के बीच मुठभेड़, दुगो नक्सली ढेर; एगो कोबरा जवान घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2025

बोकारो। जिला के बिरहोरडेरा जंगली क्षेत्र में बुध के सबेरे पुलिस आ नक्सलिन के बीच मुठभेड़ (Naxal Encounter) हो गइल। ई मुठभेड़ ओह बेरा सुरू भइल जब पुलिस आ सुरक्षाबल इलाका में नक्सल विरोधी छापेमारी

Share

Bokaro police and Cobra commando during Naxalite encounter in Jharkhand forest

बोकारो। जिला के बिरहोरडेरा जंगली क्षेत्र में बुध के सबेरे पुलिस आ नक्सलिन के बीच मुठभेड़ (Naxal Encounter) हो गइल। ई मुठभेड़ ओह बेरा सुरू भइल जब पुलिस आ सुरक्षाबल इलाका में नक्सल विरोधी छापेमारी अभियान चलावत रहे लो। एही दौरान घात लगा के नक्सली सुरक्षाबलन पs अचानके फायरिंग सुरू कs देले। जवाबी कार्रवाई में पुलिस दुगो नक्सलियन के मार गिरवलस। दुनो के शव बरामद कs लिहल गइल बा।

मुठभेड़ में भाकपा माओवादी के नक्सलियन से लोहा लेत कोबरा-209 बटालियन के एगो जवान घायल हो गइल। घायल जवान के एयरलिफ्ट कs के रांची भेजल गइल बा, जहां ओकर इलाज चल रहल बा। पुलिस के मोताबिक, ई मुठभेड़ (Naxal Encounter) ओहि लुगू पहाड़ क्षेत्र में भइल बा, जहां एही साल अप्रिल महीना में एक करोड़ के इनामी सहित आठ नक्सली सुरक्षा बलन के संगे मुठभेड़ में मारल गइल रहे लो।

पुलिस मुख्यालय से मिलल जानकारी के अनुसार, नक्सलियन के मवजूदगी के गुप्त सूचना मिलला पs सुरक्षाबल जंगल में सर्च ऑपरेशन चलवले रहे। एही दौरान नक्सली फायरिंग सुरू कs देलें सs, जवना के सुरक्षाबल मुंहतोड़ जवाब दिहल (Naxal Encounter)। पुलिस के गोलीबारी में कइयन गो नक्सलियन के घायल होखे के सूचना बा। फिलहाल क्षेत्र में सर्च अभियान जारी बा।

Read Also: Deoria News : भोजपुरी के समर्पित वरिष्ठ साहित्यकार डॉ. अरुणेश नीरन के निधन, साहित्य जगत में शोक के लहर

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.