झारखंड चुनाव: पहिल चरण में हेमंत के एह 6 गो मंत्रियन के प्रतिष्ठा दांव पs, देखीं लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

  झारखंड में विधानसभा चुनाव 2024 के वोटिंग शुरू हो गइल बा. झारखंड में कुल 81 गो विधानसभा सीट खातिर 13 आ 20 नवम्बर 2024 के दू चरण में विधानसभा चुनाव हो रहल बा। बुध

Share

Jharkhand Assembly Election 2024

 

झारखंड में विधानसभा चुनाव 2024 के वोटिंग शुरू हो गइल बा. झारखंड में कुल 81 गो विधानसभा सीट खातिर 13 आ 20 नवम्बर 2024 के दू चरण में विधानसभा चुनाव हो रहल बा। बुध के दिने पहिला चरण में 43 गो विधानसभा सीट पs मतदान हो रहल बा. बता दीं कि पहिला चरण के चुनाव में हेमंत सोरेन के 6 मंत्रियन के प्रतिष्ठा दांव पs लागल बा.

हेमंत के 6 मंत्रियन के प्रतिष्ठा दांव पs

डॉ रामेश्वर उरांव- मंत्री

सीट-लोहरदगा

पार्टी-कांग्रेस

 

बना गुप्ता- मंत्री

सीट-जमशेदपुर पश्चिम

पार्टी-कांग्रेस

 

दीपक बिरुवा- मंत्री

सीट-चाईबासा

पार्टी-JMM

 

रामदास सोरेन- मंत्री

सीट-घाटशिला

पार्टी-JMM

 

मिथिलेश ठाकुर- मंत्री

सीट-गढ़वा

पार्टी-JMM

 

बैद्यनाथ राम- मंत्री

सीट-लातेहर

पार्टी-JMM

683 प्रत्याशी चुनाव मैदान में 

पहिला चरण में झारखंड में सीट खातिर 73 महिला समेत कुल 683 उम्मीदवार मैदान में बाड़े। 43 गो निर्वाचन क्षेत्र में से 17 गो सामान्य सीट खातिर, 20 गो अनुसूचित जनजाति खातिर आ 6 गो अनुसूचित जाति खातिर आरक्षित बा। झारखंड के बाकी 38 क्षेत्र में दूसरा चरण के मतदान 20 नवंबर के होखे वाला बा। वोट के गिनती 23 नवंबर के होई.

कवन पार्टी के केतना कैंडिडेट मैदान में?

JMM- 23

कांग्रेस- 17

RJD – 5

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.