झारखंड : झामुमो के माजी, भाजपा के साहू लिहल लो राज्यसभा के सर्टिफिकेट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2022

झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) के महुआ माजी आ भाजपा के आदित्य साहू के सुक के झारखंड से राज्यसभा खातिर निर्विरोध निर्वाचित घोषित कइल गइल। माजी आ साहू के संसद के उच्च सदन में ई पहिला

Share

झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) के महुआ माजी आ भाजपा के आदित्य साहू के सुक के झारखंड से राज्यसभा खातिर निर्विरोध निर्वाचित घोषित कइल गइल। माजी आ साहू के संसद के उच्च सदन में ई पहिला पारी होई। झारखंड विधानसभा के सचिव आ चुनाव खातिर रिटर्निंग अधिकारी सैयद जावेद हैदर नतीजन के घोषणा कइले। माजी पहिले झारखंड राज्य महिला आयोग के अध्यक्ष रहीं। ऊ झामुमो के महिला इकाई के अध्यक्षो रह चुकल बाड़ी। झामुमो नेता पहिले रांची विधानसभा सीट से चुनाव लड़ले रहली, बाकिर हार गइल रही। राज्य के 81 सदस्यीय विधानसभा में झामुमो के 30 विधायक बा लो जबकि कांग्रेस के 17 विधायक आ मुख्य विपक्षी दल भाजपा के 26 विधायक बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.