जेईई मेन के पहिला चरण जून में, नीट 17 जुलाई के

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 7, 2022

इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा जेईई मेन 2022 के तारीख बदल दिहल गइल बा। अप्रिल के सत्र में होखे आला परीक्षा अब जून में आ मई के परीक्षा अब जुलाई में होई। मेडिकल प्रवेश परीक्षा 17 जुलाई

Share

इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा जेईई मेन 2022 के तारीख बदल दिहल गइल बा। अप्रिल के सत्र में होखे आला परीक्षा अब जून में आ मई के परीक्षा अब जुलाई में होई।

मेडिकल प्रवेश परीक्षा 17 जुलाई के 

ओने, मेडिकल प्रवेश परीक्षा नीट-यूजी 17 जुलाई के करावल जाई। एकरा खातिर आवेदन के प्रक्रिया बुध से सुरू हो गइल बा।

बोर्ड परीक्षा के वजे से बदलल तारीख 

संयुक्त प्रवेश परीक्षा, जेईई मेन 2022 के 2022 बोर्ड परीक्षा से टकरइला के वजे से स्थगित कइल गइल बा। पहिला सत्र 21, 24,25,29 अप्रिल आ 1 आउर 4 मई के रहे जवन अब 20-29 जून ले आ दूसरा सत्र जवन 24 से 29 मई ले रहे, अब 21 से 30 जुलाई के बीचे होई। अधिका जानकारी खातिर www.nta.ac.in आ www.jeemain.nta.nic.in पs लॉग इन कइल जा सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.