29 जून के जेडीयू राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक : लोकसभा चुनाव के नतीजन के लेके कइयन मुद्दन पs होई मंथन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2024

जेडीयू राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक आवे वाला 29 जून के दिल्ली में होई। पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ सीएम नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बैठक होई। एमे मुंगेर से सांसद आ केंद्रीय मंत्री ललन सिंह,

Share

जेडीयू राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक आवे वाला 29 जून के दिल्ली में होई। पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ सीएम नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बैठक होई। एमे मुंगेर से सांसद आ केंद्रीय मंत्री ललन सिंह, रामनाथ ठाकुर सहित पार्टी के तमाम सांसद मवजूद रही लो।

बैठक कइयन मायनन में बा महत्वपूर्ण

लोकसभा चुनाव के नतीजन के बाद राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक बोलावल गइल बा। जवन बहुते अहम मानल जा रहल बा। एह दौरान चुनाव परिणाम पs मंथन, आवे वाला विधानसभा चुनाव समेत कइयन बिंदुअन पs चरचा होई।

जदयू कइयन गो महत्वपूर्ण प्रस्ताव के पास कs सकत बिया। केंद्रीय मंत्रिमंडल में सामिल होखे आ एनडीए में मजबूत घटक दल के रूप में सामने अइला के बाद जदयू बिहार खातिर विशेष पैकेज के मांग कs सकत बा।

मजबूत इस्थिति में जेडीयू

लोकसभा चुनाव में जेडीयू 16 में से 12 सीटन पs जीत दर्ज कइले बा। एनडीए गठबंधन में JDU 12 सीटन के संगे तीसरका सबसे बड़ पार्टी बिया। ओकरा मंत्रिपरिषद में एगो कैबिनेट आ एगो राज्यमंत्री के जगह मिलल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.