Jaya Kishori: हैंडबैग के इस्तेमाल के आरोपन पऽ का बोलली जया किशोरी?

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

कथावाचक अपना महँग हैंडबैग से जुड़ल विवाद के चलते खबर में बाड़ी। आध्यात्मिक वक्ता पऽ गाय के चमड़ा से बनल महंगा हैंडबैग के इस्तेमाल करे के आरोप बा। अब जया एहप सफाई दे दिहले बाड़ी।

Share

कथावाचक अपना महँग हैंडबैग से जुड़ल विवाद के चलते खबर में बाड़ी। आध्यात्मिक वक्ता पऽ गाय के चमड़ा से बनल महंगा हैंडबैग के इस्तेमाल करे के आरोप बा। अब जया एहप सफाई दे दिहले बाड़ी।

ब्रांड देखला के बाद एकर इस्तेमाल ना करेनी।

जया किशोरी कहली कि ब्रांड के देखला के बाद केहु कवनो चीज इस्तेमाल ना करेला। तू कहीं जइबऽ आ जदि कवनो चीज नीक लागे तऽ खरीद लेलऽ। उ कहली कि जवनो आरोप लगावल गइल बा, ओकर सच्चाई अलग बा। जया कहली कि इ पूरा तरीका से कस्टमाइज्ड फैब्रिक बैग हऽ आ इ लेदर बैग ना हऽ।

आपन तपस्या ना तुड़ब

जया आगे कहली कि हमार कुछ सिद्धांत बा, जवना में से एगो सिद्धांत बा कि हम चमड़ा के इस्तेमाल ना करेनी, हम कबो एकर इस्तेमाल नइखी कईले। बाकिर अगर हमरा कवनो चीज पसंद बा आ हम ओकरा के खरीद लेवेनी। जया आगे कहली कि हम पछिला 22 साल से पाठ पूजा करतानी आ अब इ तपस्या ना तुड़ब।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.