[the_ad_group id="30365"]

Jaspal Rana : मशहूर भारतीय निशानेबाजी कोच के निधन से खेल जगत में शोक, एशियाई खेल में जीतले रहलें स्वर्ण पदक

Jaspal Rana Indian Shooting Coach Passes Away
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। मशहूर भारतीय निशानेबाजी कोच जसपाल राणा के सुक के निधन हो गइल। राणा एशियाई खेल के पूर्व स्वर्ण पदक विजेता रहलें आ ओलंपिक में दू बेर पदक जीत चुकल स्टार निशानेबाज मनु भाकर के कोच रह चुकल बाड़ें। 49 बरिस के उमिर में उनकर निधन हो गइल।

बतावल जा रहल बा कि जर्मनी से वापस अइला के बाद अचानक उनकर तबीयत खराब हो गइल रहे, जवना के बाद उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल। हालांकि, अभी तक ले उनकर निधन के सही कारण के आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल।

जर्मनी से लवटला के बाद बिगड़ल तबीयत

जसपाल राणा म्यूनिख में भइल आईएसएसएफ विश्व कप के बाद जर्मनी से भारत लवटले रहलें। ऊ फिलहाल भारतीय पिस्टल निशानेबाज टीम के हाई परफॉर्मेंस कोच के रूप में काम करत रहलें।

आईएसएसएफ विश्व कप में भारतीय टीम के प्रदर्शन सानदार रहल रहे। टीम एह टूर्नामेंट में दूगो स्वर्ण पदक आ दूगो रजत पदक जीते में सफल भइल रहे।

अस्पताल में करावल गइल इलाज

भारतीय राष्ट्रीय राइफल संघ (NRAI) के एगो सूत्र के मोताबिक, जसपाल राणा के फ्लाइट में कुछ परेसानी महसूस भइल रहे। दिल्ली पहुंचला के बाद ऊ सीधे अस्पताल गइलें, जहां डॉक्टर लोग उनकर जांच कइल आ इलाज के दौरान स्टेंट डालल गइल।

जसपाल राणा भारतीय निशानेबाजी के एगो बड़ा नाम रहलें। बतौर खिलाड़ी आ कोच दुनो रूप में उनकर जोगदान के हमेसा इयाद कइल जाई। उनका निधन से खेल जगत में शोक के लहर बा।

Read Also: 12th जून 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]