गोरखपुर। कृष्ण जन्माष्टमी के पावन मवका पs भोजपुरी संगीत प्रेमियन खातिर एगो नया भजन रिलीज भइल बा। “जमुना जी के तीरे” नाम के एह कृष्ण भजन के यायावरी वाया भोजपुरी के बैनर तले रिलीज कइल गइल बा। भजन के सुर संग्राम फेम शालिनी दूबे आपन मधुर आवाज देले बाड़ी।
एह साल कृष्ण जन्माष्टमी 4 सितंबर के मनावल जाई। त्योहार से पहिले रिलीज भइल एह भजन के दर्शक आ भोजपुरी संगीत प्रेमियन के बढ़िया रिस्पॉन्स मिल रहल बा।
शालिनी दूबे के मधुर आवाज से सजल बा भजन
“जमुना जी के तीरे” भजन के शालिनी दूबे आपन सुरीला आवाज से सजवले बाड़ी। शालिनी पहिलही से भोजपुरी लोकगीत आ भक्ति गीत के जरिये आपन अलग पहचान बना चुकल बाड़ी। एह भजन के संगीत सुशांत देव तइयार कइले बाड़ें। जबकि एकर मिक्सिंग आ मास्टरिंग के जिम्मेदारी रवि विश्वकर्मा संभरलें। भजन के फिल्मांकन वन शॉट फिल्मस के सुमित आ सुधांशु कइले बाड़ें।
‘भादो के रतिया’ के मिल चुकल बा 30 लाख से अधिक व्यू
यायावरी वाया भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पs शालिनी दूबे के आवाज में पहिलहू कइयन गो लोकप्रिय गीत रिलीज हो चुकल बा। एमे “भादो के रतिया” गीत के दर्शकन के खासा प्यार मिलल। एह गीत के यूट्यूब पर 30 लाख से जादे व्यू मिल चुकल बा। खास बात ई बा कि “भादो के रतिया” कृष्ण जन्माष्टमी के मवका पs रिलीज भइल रहे।
भोजपुरी लोकगीतन के संरक्षण पs जोर
यायावरी वाया भोजपुरी भोजपुरी साहित्य आ पारंपरिक लोकगीतन के संरक्षण आ संवर्धन खातिर काम करे वाली संस्था हियs। संस्था के परियोजना अधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी बतवलें कि अभी तक चैनल पs भोजपुरी के 30 से जादे लोकगीत रिलीज कइल जा चुकल बा। एह गीतन में राम भजन, सोहर, कजरी आ प्रेम गीत के संगे-संगे होली आ छठ के पारंपरिक गीत सामिल बा।
आगहूं रिलीज होई भोजपुरी के कइयन गो गीत
गौरव मणि त्रिपाठी के मोताबिक, संस्था के मकसद भोजपुरी के पारंपरिक लोकगीतन के नया पीढ़ी तक पहुंचावल बा। एह दिशा में आवे वाला समय में कइयन गो आउर भोजपुरी गीत दर्शकन आ श्रोता लोगन खातिर रिलीज कइल जाई।
“जमुना जी के तीरे” जइसन भजन के माध्यम से भोजपुरी भाषा, लोक संस्कृति आ पारंपरिक संगीत के बढ़ावा देवे के कोसिस हो रहल बा। कृष्ण जन्माष्टमी के मवका पs रिलीज भइल ई भजन भोजपुरी संगीत प्रेमियन के बीच आपन जगह बना रहल बा।






