नई दिल्ली। देस के राजधानी दिल्ली के कश्मीरी गेट इलाका से एगो दर्दनाक घटना सामने आइल बा। इहवां एगो खाली स्लीपर बस के भीतर 16 बरिस के छात्रा के संगे गैंगरेप के वारदात भइल। घटना 4 अगस्त के रात के बतावल जा रहल बा। पुलिस गैंगरेप के आरोपी बस के ड्राइवर कुलदीप आ कंडक्टर संदीप के गिरफ्तार कइले बिया।
नोएडा जाये के दौरान भटक गइल रहे पीड़िता
पीड़िता उत्तर प्रदेश के मैनपुरी जिला के रहनिहार बिया आ 11वीं क्लास में पढ़ेले। पुलिस सूत्रन के मोताबिक छात्रा घरवालन से नाराज होके बिना बतवले निकल गइल रहे आ नोएडा में रह रहल आपन चचेरा भाई के लगे जात रहली। भारी बरखा आ अन्हार के कारन छात्रा गलती से परी चौक पs उतर गइल। एह दौरान एगो खाली स्लीपर बस उहां से गुजरल।
कंडक्टर सुरू कइलस अश्लील हरकत
छात्रा बस के रुकवावे के इशारा कइली, जवना के बाद बस रुक गइल। ड्राइवर-कंडक्टर ओकरा के नोएडा सेक्टर-63 जाये के बात कहके बस में बइठा लिहल। आरोप बा कि बस चले के कुछ देर बाद कंडक्टर पीड़िता के संगे अश्लील हरकत सुरू कइलस। पीड़िता के मोताबिक एकरा बाद ड्राइवर आ कंडक्टर ओकरा संगे रेप कइल आ विरोध कइला पs जान से मारे के धमकी दिहल। आरोपी पीड़िता के देर रात कश्मीरी गेट बस अड्डा के लगे रिंग रोड पs उतारके फरार हो गइलें सs।
घबराइल छात्रा कश्मीरी गेट पुलिस से संपर्क कs के पूरा घटना के जानकारी देली। पुलिस दुनो आरोपी के तिमारपुर के एगो बस पार्किंग से गिरफ्तार कs लेलस। पुलिस घटना में इस्तेमाल भइल स्लीपर बस के जब्त कs लेलस आ ओकर फॉरेंसिक जांच करावल जा रहल बा।
47 किलोमीटर के सफर के दौरान दरिंदगी
पुलिस सूत्रन के मोताबिक आरोपी बस में खराबी अइला के बाद बस के सूरजपुर के वर्कशॉप में रिपेयरिंग खातिर ले गइले रहलें सs। बस के रिपेयरिंग के बाद ड्राइवर आ कंडक्टर खाली बस लेके तिमारपुर जात रहले सs। एह दौरान परी चौक पs छात्रा ओकनी के मिलल। परी चौक से कश्मीरी गेट तक करीब 47 किलोमीटर के सफर बस तय कइलस। बस स्लीपर होखे आ परदा लागल रहला के कारन कवनो राहगीर के बस के अंदर के कुछ देखाई ना पड़ल।
बता दीं कुछ महीना पहिले दिल्ली के भजनपुरा में एगो 6 बरिस के मासूम लईकी के संगे गैंगरेप के वारदात भइल रहे।






