जमशेदपुर के शताक्षी के सिर सजल मिस यूनिवर्स इंडिया झारखंड के ताज, रिया तिर्की बनली रनर-अप

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

पतरातु (रामगढ़) : मिस यूनिवर्स इंडिया झारखंड के साल 2024 के ताज जमशेदपुर के शताक्षी किरण के दिहल गइल बा। दूसरा स्थान पs रांची के रिया तिर्के रहली। रिया फेमिना मिस इंडिया झारखंड रहल बाड़ी।

Share

पतरातु (रामगढ़) : मिस यूनिवर्स इंडिया झारखंड के साल 2024 के ताज जमशेदपुर के शताक्षी किरण के दिहल गइल बा। दूसरा स्थान पs रांची के रिया तिर्के रहली। रिया फेमिना मिस इंडिया झारखंड रहल बाड़ी।

मिस यूनिवर्स इंडिया झारखंड के आयोजन पतरातु रिज़ॉर्ट में भइल

राजधानी रांची से सटल खूबसूरत पतरातु रिसॉर्ट में मिस यूनिवर्स इंडिया झारखंड 2024 के ग्रैंड फिनाले के आयोजन भइल। एमें जमशेदपुर के शताक्षी किरण के विजेता चुनल गइल। फाइनल नाईट में क्वीन ऑफ इंटरनेशनल टूरिज्म 2023 एंजेल मरीना तिर्की आ अजएसयू के सुप्रीमो सुदेश महतो के पत्नी नेहा महतो शतक्षी के ताजपोशी कइली।

रिया तिर्की जीतली बेस्ट रैंप वॉक के खिताब

बेस्ट फिटनेस : शर्मिष्ठा धर

बेस्ट रैंप वॉक : रिया तिर्की

बेस्ट फोटोजेनिक फेस : हिया महाबी

बेस्ट फीचर : सृष्टि सुहानी

बेस्ट स्माइल : दीपा रानी

शताक्षी मिस यूनिवर्स इंडिया 2024 में झारखंड के प्रतिनिधित्व करीहें

सितंबर के अंत में दिल्ली में होखे वाला मिस यूनिवर्स इंडिया 2024 प्रतियोगिता में शताक्षी झारखंड के प्रतिनिधित्व करीहेंम जदि भारत दौर के बाद चुनल गइल तऽ उनुका मैक्सिको में होखे वाला मिस यूनिवर्स प्रतियोगिता में भाग लेबे के मौका मिल जाई।

शताक्षी कहली – लक्ष्य मिस यूनिवर्स के खिताब जीते के

शताक्षी किरण बतवली कि ब्यूटी पेजेंट में विजेता बनल उनकर बचपन के सपना रहे। साल 2019 से देश भर में हो रहल अलग अलग सौंदर्य प्रतियोगिता में भाग लेत रहली। मॉडलिंग के कैरियर चुने में माई हमेशा हमार साथ देत रहली। अब लक्ष्य बा मिस यूनिवर्स के खिताब जीते के।

मॉडल के 10 राउंड में परीक्षण कइल गइल

मिस यूनिवर्स इंडिया झारखंड के दू दिन के एह आयोजन के दौरान 18 गो प्रतियोगी 10 गो अलग अलग दौर में आपन हुनर देखवले। ब्यूटी विद ब्रेन प्रतियोगिता में निर्णायक लोग प्रतिभागी लोग से अलग अलग विषय पs सवाल पूछले, जवना के जवाब प्रतिभागी लोग दिहल।

एह प्रतियोगिता के बाद विजेता के चयन भइल

एकरा अलावे रामपा वॉक, ब्यूटी विद स्माइल, बेस्ट फिटनेस, बेस्ट फोटोजेनिक फेस, ओवरऑल फीचर समेत आउर प्रतियोगिता के आयोजन भइल। मिस यूनिवर्स इंडिया के राष्ट्रीय निदेशक निखिल आनंद, मिस ग्लोब इंटरनेशनल 2022 के विजेता तान्या सिन्हा, क्वीन ऑफ इंटरनेशनल टूरिज्म 2023 एंजेल मरीना तिर्की आ नेहा महतो एह प्रतियोगिता में निर्णायक के भूमिका में अलग अलग मापदंड पs विजेता लोग के चयन कइलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.