जम्मू-कश्मीर में बड़ फैसला, एह 48 पर्यटक स्थल के बंद कइल गइल,इहां देखीं इs लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2025

जम्मू कश्मीर के पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद पूरा राज्य में आतंकवादियन के खिलाफ सुरक्षा बल के अभियान जारी बा। सेना आ पुलिस के जवान लगातार तलाशी अभियान चलावत बाड़े आ चुनिंदा तरीका

Share

एह 48 पर्यटक स्थल के बंद कइल गइल

जम्मू कश्मीर के पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद पूरा राज्य में आतंकवादियन के खिलाफ सुरक्षा बल के अभियान जारी बा। सेना आ पुलिस के जवान लगातार तलाशी अभियान चलावत बाड़े आ चुनिंदा तरीका से आतंकियन के हत्या करत बाड़े आ ओह लोग के लुकाइल जगहन के तबाह करत बाड़े. सेना के एs अभियान के बीच जम्मू कश्मीर सरकार एगो बड़ फैसला लेले बिया। सरकार कश्मीर घाटी के 48 पर्यटन स्थल के अस्थायी तौर पs बंद कs देले बिया।

फैसला काहे लिहल गइल?

जम्मू कश्मीर सरकार आतंकियन का खिलाफ तलाशी अभियान आ सुरक्षा समीक्षा के ध्यान में राखत ई फैसला लिहले बिया. सरकार कश्मीर घाटी में पर्यटकन खातिर 48 गो पर्यटन स्थल के अस्थायी तौर पs बंद करे के आदेश जारी कइले बिया. अधिकारी के मुताबिक पर्यटक के 87 पर्यटन स्थल पs आज़ादी से घूमे के अनुमति बा। हालाँकि, एह में से कुछ पर्यटन स्थल जे अस्थायी रूप से बंद हो गइल बाड़ें, या तs आतंकवाद विरोधी खोज अभियान के हिस्सा हवें या फिर संवेदनशील जगहन पs स्थित बाड़ें।

जिला आ पर्यटक स्थलन के लिस्ट


बांदीपोरा- गुरेज घाटी- गैर स्थानीय लोगन खातीर बंद
बडगाम- यूसमार्ग
बडगाम- तौसीमैदान
बडगाम- दूधपथरी
कुलगाम-अहरबल
कुलगाम-कौसरनाग
कुपवाड़ा-बंगस
कुपवाड़ा- करिवान गोताखोर
कुपवाड़ा-चंडीगाम
हंदवाड़ा-बंगस घाटी
सोपोर- वुलर/वाटलैब
सोपोर- रामपोरा और राजपोरा
सोपोर-चेरहार
सोपोर- मुंडिज-हमाम-मरकूट झरना
सोपोर- खंपू, बोस्निया, विजीटॉप
अनंतनाग- सूर्य मंदिर खीरीबल
अनंतनाग- वेरीनाग गार्डन
अनंतनाग- सिंथन टॉप
अनंतनाग- मार्गनटॉप
अनंतनाग-अकाड पार्क
बारामूला- हब्बा खातून प्वाइंट कवंर
बारामूला- बाबरेशी तंगमार्ग
बारामूला-रिंगावली तंगमार्ग
बारामूला- गोगलदारा तंगमार्ग
बारामूला- बदेरकोट तंगमार्ग
बारामूला-श्रुंज झरना
बारामूला- कमानपोस्ट उरी
बारामूला- नामब्लान झरना
बारामूला- इको पार्क खडनियार
पुलवामा- संगरवानी
श्रीनगर- जामिया मस्जिद
श्रीनगर- बादामवारी
श्रीनगर- राजोरी कदल होटल कनाज़
श्रीनगर- आली कदल जे जे फूड रेस्तरां
श्रीनगर- आइवरी होटल गंदताल (थीड)
श्रीनगर- पदशापाल रिसॉर्ट्स और रेस्तरां (फकीर गुजरी)
श्रीनगर- चेरी ट्री रिज़ॉर्ट (फ़कीर गुजरी)
श्रीनगर- नॉर्थ क्लिफ कैफे और रिट्रीट बाय स्टे पैटर्न (अस्टानमार्ग पैराग्लाइडिंग पॉइंट)
श्रीनगर- वन पहाड़ी कुटिया (अस्तान मोहल्ला, दारा)
श्रीनगर- इको विलेज रिज़ॉर्ट (दारा)
श्रीनगर- अस्तानमार्ग व्यू प्वाइंट
श्रीनगर अस्तानमार्ग पैराग्लाइडिंग स्पॉट
श्रीनगर- ममनेथ और महादेव पहाड़ियाँ (फ़कीर गुजरी के माध्यम से)
श्रीनगर- बौद्ध मठ, हरवान
श्रीनगर- दाचीगाम – ट्राउट फार्म/मत्स्य पालन फार्म से परे
श्रीनगर- अस्तानपोरा (विशेषकर कयाम गाह रिसॉर्ट)।
गांदरबल- लछपत्री लेटरल
गांदरबल- हंग पार्क
गांदरबल- नारानाग

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.