सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर के डोडा जिला के भद्रवाह में सेओज धार इलाका में सुरक्षाबलन के आतंकवाद विरोधी अभियान में जैश-ए-मोहम्मद के एगो पाकिस्तानी आतंकी कमांडर के मारे के बाद ओकर लाश बरामद भइल बा। सुरक्षाबल पहिले एगो संयुक्त अभियान के दौरान आतंकी के मार गिरवले रहे लोग।
मवका से M4 राइफल बरामद
एसओजी डोडा, राष्ट्रीय राइफल्स (RR) आ सीआरपीएफ के जवान तलाशी अभियान चलावल लो। एह दौरान मुठभेड़ स्थल से अमेरिका निर्मित M4 राइफल बरामद भइल। सुरक्षाबल बरामद लाश आ हथियार के कब्जा में लेके आगे के जांच सुरू कs देले बा लो। इलाका में तलाशी अभियान अभी जारी बा।
ऑपरेशन अशदर में मारल गइल रहे यासिर
जानकारी के मोताबिक, आतंकी यासिर के 5 सितंबर के मध्य कश्मीर के बडगाम जिला के अशदर गली इलाका में चलल ऑपरेशन अशदर के दौरान मार गिरावल गइल रहे। एह संयुक्त अभियान में भारतीय सेना के चिनार कॉर्प्स, जम्मू-कश्मीर पुलिस आ सीआरपीएफ सामिल रहे।
पहिले AK राइफलो बरामद भइल रहे
ऑपरेशन के दौरान सुरक्षाबल एगो AK राइफल आ कुछ आउर युद्ध संबंधी सामान बरामद कइले रहे। सुरक्षा एजेंसी अब आतंकी के स्थानीय संपर्क, नेटवर्क आ गतिविधियन के बारे में जानकारी जुटावे में लागल बाड़ी सs।
आतंकी नेटवर्क के खिलाफ अभियान जारी
सुरक्षाबलन के कहनाम बा कि खुफिया जानकारी के आधार पs जम्मू-कश्मीर के अलग-अलग इलाका में निगरानी आ संयुक्त अभियान लगातार चलावल जा रहल बा। यासिर के मारे के कार्रवाई के क्षेत्र में सक्रिय आतंकी नेटवर्क के खिलाफ एगो अहम सफलता मानल जा रहल बा। सुरक्षा एजेंसी ओकर स्थानीय संपर्क आ नेटवर्क के जांच कs रहल बाड़ी सs।






