जम्मू-कश्मीर चुनाव खातीर BJP के 44 उम्मीदवारन के लिस्ट जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2024

  जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव में जीत के रणनीति बनावे में भाजपा के वरिष्ठ नेता व्यस्त बाड़े। एह सीरीज में अतवार के रात भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के नेतृत्व में पार्टी के शीर्ष नेता लोग के

Share

 

जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव में जीत के रणनीति बनावे में भाजपा के वरिष्ठ नेता व्यस्त बाड़े। एह सीरीज में अतवार के रात भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के नेतृत्व में पार्टी के शीर्ष नेता लोग के बैठक भईल। एहमें बहुते बड़हन फैसला लिहल गइल. ओने आजु भाजपा के 44 गो उम्मीदवारन के पहिला सूची आ गइल बा. काल्हु भाजपा मुख्यालय में केंद्रीय चुनाव समिति के बइठक में मैराथन मंथन भइल कि चुनाव में भाजपा के उम्मीदवार के होखी. उम्मीदवार के नाम पs चरचा भईल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह अवुरी भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के बीच भईल एगो अलग बैठक में उम्मीदवार के नाम के अंतिम रूप दिहल गईल।

रिजल्ट 4 अक्टूबर के आई

90 गो विधानसभा सीट वाला जम्मू कश्मीर में विधानसभा चुनाव तीन चरण में होखे वाला बा. पहिला चरण के मतदान 18 सितंबर के 24 सीट पs होई। पहिला चरण के नामांकन के आखिरी तारीख 27 अगस्त बा, एहसे जम्मू-कश्मीर पs भाजपा के पहिला सूची आज आ सकता। दूसरका चरण के मतदान 25 सितंबर के बा, ओ दिन 26 सीट पs मतदान होई अवुरी तीसरका अवुरी अंतिम चरण के मतदान 1 अक्टूबर के होई। तिसरका चरण में अधिका से अधिका चालीस सीट पs वोट डालल जाई. वोट के गिनती चार अक्टूबर के होखी.

अबकी जम्मू कश्मीर में दिलचस्प मुकाबला

अबकी बेर जम्मू कश्मीर के चुनाव में एगो रोचक मुकाबला देखे वाला बा. एक ओर भाजपा अकेले सभ 90 सीट पs चुनाव लड़तिया, जबकि कांग्रेस नेशनल कॉन्फ्रेंस के संगे गठबंधन कs लेले बिया। महबूबा मुफ्ती के पार्टी पीडीपी भी फिलहाल अकेले मैदान में बा, जबकि अबकी बेर पहिला बेर आम आदमी पार्टी भी जम्मू-कश्मीर चुनाव में आपन किस्मत आजमावत बिया।

पिछला चुनाव 2014 में भइल रहे

एकरा से पहिले 2014 में जम्मू-कश्मीर में विधानसभा चुनाव भईल रहे। तब ई राज्य संघ शासित प्रदेश ना रहे| ओह चुनाव में पीडीपी के 28 सीट, भारतीय जनता पार्टी के 25 सीट, जम्मू कश्मीर नेशनल कॉन्फ्रेंस के 15 सीट आ कांग्रेस के 12 सीट मिलल. बाद में पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी (पीडीपी) आ भाजपा मिल के सरकार बनवलस.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.