Jalaun Accident : जालौन में भीषण सड़क हादसा, छव लोगन के मौत, चार लोग गंभीर घायल

Share

जालौन। जालौन जिला के कालपी कोतवाली इलाका में सोमार के सबेरे एगो बहुत दर्दनाक सड़क हादसा में छव लोगन के जान चल गइल, जबकि चार लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। ई हादसा जोल्हुपुर मोड़ लगे भइल, जहां अयोध्या से उरई लवटत एगो कार के चालक के झपकी आ गइल आ गाड़ी बेकाबू होके आगे चल रहल वाहन से टकरा गइल।

मिलल जानकारी के अनुसार, ललितपुर जिला के महरौनी निवासी शशिकांत तिवारी अपना परिवार के संगे अयोध्या दर्शन खातिर गइल रहलें। दर्शन कs के सब लोग कार से वापस लवटत रहे। सोमार के सबेरे करीब छव बजे जइसही गाड़ी कालपी इलाका के जोल्हुपुर मोड़ लगे पहुंचल, चालक के अचानक झपकी आ गइल, जवना से गाड़ी अनियंत्रित होके सामने चलत वाहन से भिड़ गइल।

टक्कर एतना जोरदार रहे कि चार लोगन के घटनास्थल पs मौत हो गइल, जबकि दू लोग अस्पताल में इलाज के दौरान दम तुड़ दिहल। एह हादसा में चार लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा, जेकरा के तुरंते अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहां इलाज चल रहल बा। बतावल जा रहल बा कि हादसा के बाद घायलन के बाहर निकाले में बहुत मेहनत करे के पड़ल। कुछ लोग करीब एक घंटा तक कार के अंदर फंसल रहलें, जेकरा के स्थानीय लोग आ पुलिस के मदद से बाहर निकालल गइल।

कार में कुल 10 लोग सवार रहे, जेमें शशिकांत तिवारी, कृष्णकांत, दीपक तिवारी, हरिमोहन तिवारी, भूषण तिवारी, अंशुल तिवारी, स्वामी प्रसाद तिवारी, मनोज आ देशराज सामिल रहे। सब केहू एके परिवार के सदस्य बतावल जा रहल बा। हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। स्थानीय लोग तुरंत पुलिस के सूचना देलस। सूचना मिलतही कालपी कोतवाली पुलिस मवका पs पहुंच के शवन के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

घायल लोगन के लेके एम्बुलेंस मेडिकल कॉलेज के इमरजेंसी के बाहर पहुंचल, बाकिर मरीज उतारे खातिर उहां कवनो वार्ड बॉय मवजूद ना रहे। हालत ई रहे कि मरीज करीब 10 मिनट तक एम्बुलेंस में तड़पत रहे। बाद में उहां मवजूद लोगन के मदद से कवनो तरे मरीजन के बाहर निकाल के इमरजेंसी में पहुंचावल गइल, जहां ऊ जिनगी आ मौत से जूझत बा।

Read Also: West Bengal Election Result : बंगाल में का होई खेला? जानीं रुझान में भाजपा आ आगे

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-