West Bengal Election Result : बंगाल में का होई खेला? जानीं रुझान में भाजपा आ आगे

Share

सेंट्रल डेस्क : बंगाल अबकि केकर?” (ए बेर बंगाल केकर होई?) पिछिला कइयन महीना से ई सवाल सब केहू के जुबान पs रहल बा, जवना के जवाब आज सोमार के मिली, जब बंगाल के 294 में से 293 विधानसभा सीट के नतीजा घोषित होई।

चुनाव आयोग मतगणना केंद्रन पs कड़ा सुरक्षा इंतजाम कइले बा। केंद्रीय बल के 700 कंपनी तैनात बाड़ी सs। एकरा अलावे बड़ संख्या में पुलिस बल मवजूद रही। अंदर केंद्रीय बल आ बाहर पुलिस के दू-स्तरीय सुरक्षा घेरा बनावल गइल बा। 77 पुलिस पर्यवेक्षक नियुक्त कइल गइल बा लाेग। मतगणना केंद्र के आसपास धारा 163 लागू बा।

कइयन सीटन पs भाजपा आगे

बंगाल विधानसभा चुनाव के मतगणना सुरू हो गइल बा। सुरुआती रुझान में उत्तर 24 परगना के 33 सीट में से 3 पs, दक्षिण 24 परगना के 30 सीट में से 3 पs तृणमूल कांग्रेस आगे बा, जबकि नदिया के 17 सीटन में से 3 पs आ मालदा के 12 सीटन में से 2 पs भाजपा आगे चल रहल बिया।

सिलीगुड़ी के पुलिस कमिश्नर के बयान

वोट गिनती पs सिलीगुड़ी के पुलिस कमिश्नर सैयद वकार रजा कहलें, “सब कुछ शांति से होई। सब इंतजाम ठीक बा। इहां जांच हो रहल बा आ तीन-स्तरीय सुरक्षा बेवस्था लागू बा। हमनी के उम्मेद बा कि सब कुछ बढ़िया से पूरा होई।

Read Also: 04 मई 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-