जयपुर के कोचिंग इंस्टीट्यूट में अचानक 10 छात्र-छात्रा भइले बेहोश, सामने आईल बड़ वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2024

राजस्थान के जयपुर से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ के महेश नगर इलाका में स्थित कोचिंग संस्थान में पढ़े वाला 10 छात्र अतवार के सांझ अचानक बेहोश हो गईले। सभे के नजदीकी

Share

जयपुर के कोचिंग इंस्टीट्यूट में अचानक 10 छात्र-छात्रा भइले बेहोश

राजस्थान के जयपुर से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ के महेश नगर इलाका में स्थित कोचिंग संस्थान में पढ़े वाला 10 छात्र अतवार के सांझ अचानक बेहोश हो गईले। सभे के नजदीकी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। फिलहाल सभ छात्र के हालत खतरा से बाहर बतावल जाता। पुलिस अधिकारी के मुताबिक, संभवतः एकर कारन गटर गैस चाहे संस्थान के ऊपर छत पs रसोई घर से निकलल धुआं भईल बा।

मौका पs मौजूद पुलिस अधिकारी बतवले कि गटर से आवत गंध अवुरी भवन के छत पs रसोई से निकले वाला धुआं के चलते धुआं नीचे आ गईल, जवना के चलते कोचिंग संस्थान में पढ़ेवाला बच्चा के सांस लेवे में परेशानी भइल आ बेहोश हो गइले.

पुलिस पूरा मामला के छानबीन में जुटल बिया
उs बतवले कि बेहोश भईल लोग में 8 लईकी, दु लईका अवुरी एगो खानसामा शामिल बाड़े। अधिकारी ‘फूड पॉइजनिंग’ के संभावना के खारिज करत कहले कि प्रभावित छात्र के हालत अब ‘सामान्य’ हो गईल बा। इलाका में स्थित एगो निजी अस्पताल के डॉक्टर बतवले कि सांस लेवे में परेशानी के चलते सात बच्चा के इहाँ भर्ती करावल गईल, हालांकि दु बच्चा के दोसरा जगह ले जाइल गईल। उs बतवले कि सभ बच्चा के सांस लेवे में परेशानी होखता अवुरी लगातार खांसी होखता, बाकिर ओ लोग के अवुरी कवनो परेशानी नईखे। फिलहाल पुलिस गैस लीक के कारण से जुड़ल जानकारी जुटावे में व्यस्त बिया।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.