Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

RJD के प्रदेश अध्यक्ष बनले जगदानंद सिंह, दूसरका बेर संभरिहे बिहार के कमान

प्रदेश अध्यक्ष के रूप में जगदानंद सिंह बिहार राजद के कमान दूसरा बेर संभार लेले बाड़े। एकरा पहिले ऊ 2019 में अध्यक्ष पद संभरले रहस। राजद 2020 के चुनाव में जगदानंद सिंह के नेतृत्व में सफलता हासिल कइले रहे। 

330

RJD जगदानंद सिंह प भरोसा जतावत  दूसरका बेर उनका के बिहार के प्रदेश अध्यक्ष नियुक्त कइले बा। राजद में हो रहल सांगठनीक चुनाव के लेके जगदानंद सिंह आपन कार्यकाल खतम होखला के बाद सोमार के अध्यक्ष पद खातिर आपन पर्चा दाखिल कइले रहस। एकरा खातिर प्रमुख प्रस्तावक राज्य के डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव बनल रहले।

निर्विरोध चुनल गइले

जगदानंद सिंह के विरोध में सोमार के केहु आउर उम्मीदवार पर्चा दाखिल ना कइले रहे।  एहि कारण से ऊ निर्विरोध चुनल गइले। एह बात के आधिकारिक घोषणा मंगर के क दिहल गइल बा। राजद प्रदेश अध्यक्ष के रूप में जगदानंद सिंह के ई दूसरका पारी होई। एकरा पहिलेऊ 2019 में अध्यक्ष पद संभरले रहस। डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव जगदानंद सिंह के लेके कहले था रहस कि ऊ समाजवादी विचार के नेता हवे आ उनकर नेतृत्व में पार्टी मजबूत भइल बिया।

1945 में भइल जनम

राजद के वरिष्ठ नेता जगदानंद सिंह साल 1945 में एगो किसान परिवार में जनमल रहस। जगदा बाबू आपन सुरुआति शिक्षा गांव के विद्यालय में पूरा कइले। एकरा बाद ऊ बनारस के हरिश्चंद्र कॉलेज से लॉ के पढ़ाई इले। एह दौरान जगदानंद सिंह के रुचि राजनीति में भइल आ फेर उनकर मुलाकात लालू यादव से भइल। एकरा बाद से दुनो नेता एक दूसरा के संगही बा लो। लालू यादव आ जगदानंद सिंह के एगो खास बात ई बा कि दुनो लोग कबो राजनीति में अपना बेटन के बात ना सुनल लो।

6 बेर विधायक रह चुकल बाड़े

रामगढ़ विधानसभा क्षेत्र से 6 बेर विधायक रह चुकल जगदानंद सिंह लालू यादव के हर मंत्रिमंडल में सदस्य रह चुकल बाड़े। अपना राजनीतिक सफर के सबसे पहिला विधानसभा चुनाव जगदा बाबू लोकदल के टिकट प 1985 में जीतले रहस। एकरा बाद जनता दल के टिकट प 1990 आ 1995 में ऊ विधानसभा के चुनाव जीतले। राजद के टिकट प ऊ 2000 आ 2005 के चुनाव जीतले।

साभार: प्रभात खबर

336070cookie-checkRJD के प्रदेश अध्यक्ष बनले जगदानंद सिंह, दूसरका बेर संभरिहे बिहार के कमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.