जगन्नाथ मंदिर के उद्घाटन से पहिले चमत्कार? दीघा के समंदर में तैरत मिलल भगवान जगन्नाथ के लकड़ी के मूर्ति

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2025

दीघा समुद्र तट पs अतवार के भगवान जगन्नाथ के लकड़ी के मूर्ति तैरत मिलल। ई सफेद मूर्ति लहर के साथे किनारे पर आ गइल बा, जवना के देख के पर्यटक लोग के जिज्ञासा हो गइल।

Share

दीघा के समंदर में तैरत मिलल भगवान जगन्नाथ के लकड़ी के मूर्ति

दीघा समुद्र तट पs अतवार के भगवान जगन्नाथ के लकड़ी के मूर्ति तैरत मिलल। ई सफेद मूर्ति लहर के साथे किनारे पर आ गइल बा, जवना के देख के पर्यटक लोग के जिज्ञासा हो गइल। हालांकि मंदिर के उद्घाटन से कुछ दिन पहिले भईल अयीसन घटना के कवनो खास सफाई नईखे, बाकिर स्थानीय निवासी अवुरी भक्त के बीच एकरा से बहुत चर्चा भईल बा।

मंदिर के उद्घाटन के तइयारी पूरा जोर शोर से चल रहल बा

मंदिर के उद्घाटन के तइयारी अब जोर शोर से चल रहल बा. 28 अप्रैल के पूजा, 29 अप्रैल के यज्ञ अवुरी 30 अप्रैल के आधिकारिक उद्घाटन समारोह होई, जवना में मुख्यमंत्री ममता बनर्जी मौजूद रहीहे। एह समय मूर्ति के अचानक आवे से पूरा समारोह के एगो अलग आध्यात्मिक स्पर्श मिलल बा। बहुत लोग एकरा के शुभ संकेत मान रहल बाड़े।

इहो पढ़ीं: वक्फ कानून के बाद अब UCC के बारी? BJP जारी कईलस वीडियो

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.