PM Modi: आज से आईटीयू सम्मेलन आ भारत मोबाइल कांग्रेस के आगाज, 190 से जादे देस सामिल होई; पीएम करिहें शुभारंभ

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 15, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगर के भारत मंडपम में भारत में संयुक्त राष्ट्र के अंतरराष्ट्रीय दूरसंचार संघ (आईटीयू) के ओर से आयोजित कइल जाये वाला विश्व दूरसंचार मानकीकरण सभा (डब्ल्यूटीएसए) के उद्घाटन करिहें। एकरा अलावे ऊ

Share

पीएम नरेंद्र मोदी - फोटो : पीटीआई

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगर के भारत मंडपम में भारत में संयुक्त राष्ट्र के अंतरराष्ट्रीय दूरसंचार संघ (आईटीयू) के ओर से आयोजित कइल जाये वाला विश्व दूरसंचार मानकीकरण सभा (डब्ल्यूटीएसए) के उद्घाटन करिहें। एकरा अलावे ऊ भारत मोबाइल कांग्रेस (आईएमसी) के आठवां संस्करण के उद्घाटनो करिहें। विश्व दूरसंचार मानकीकरण सभा (डब्ल्यूटीएसए) सम्मेलन चार बरिसन के अंतराल पs आयोजित कइल जाला। एमे स्वीकृत सिफारिशन आ प्रस्ताव संचार प्रौद्योगिकियन के विकास के दिशा तय करेला।

पहिला बेर आईटीयू-डब्ल्यूटीएसए के मेजबानी भारत आ एशिया-प्रशांत में कइल जा रहल बा। पीएमओ के ओर से कहल गइल बा कि ई एगो महत्वपूर्ण वैश्विक कार्यक्रम हs जवन 190 से जादे देसन के 3,000 से जादे उद्योग जगत के नेता, नीति-निर्माता आ तकनीकी विशेषज्ञन के एगो मंच पs एकत्रित करी। ई विशेषज्ञ दूरसंचार, डिजिटल आ आईसीटी क्षेत्रन के प्रतिनिधित्व करेला। पीएमओ कहलस, डब्ल्यूटीएसए 2024 के दौरान कइयन देसन के प्रतिनिधि 6जी, एआई, आईओटी, बिग डाटा आ साइबर सुरक्षा जइसन अगिला पीढ़ी के महत्वपूर्ण प्रौद्योगिकियन के मानकन पs आ भविष्य तय करे खातिर चरचा करी।

इंडिया मोबाइल कांग्रेस में दोगुना भइल भागीदारी

आईटीयू के एगो अधिकारी कहलें, दूरसंचार विभाग के ओर से समर्थित इंडिया मोबाइल कांग्रेस के आठवां संस्करण डब्ल्यूटीएसए के संगे आयोजित कइल जाई। कइयन देसन के प्रदर्शक, स्टार्टअप आदि के भागीदारी के ममिला में वार्षिक इंडिया मोबाइल कांग्रेस के आकार पिछला साल से लगभग दोगुना हो गइल बा। आईएमसी के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) रामकृष्ण पी कहलें, अबकी बेर आईएमसी आ बेहतर होखे वाला बा, काहेकि वैश्विक भागीदारी पिछलका साल से लगभग दोगुना हो गइल बा। अबकी बेर 120 से जादे देसन के भाग लेवे के उम्मीद बा, जवना से एशिया के सबसे बड़ प्रौद्योगिकी एक्सपो आ वैश्विक डिजिटल परिवर्तन में एगो प्रमुख शक्ति के रूप में आईएमसी के इस्थिति मजबूत होईं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.