बिजनेस डेस्क। इनकम टैक्स रिटर्न करे वाला टैक्सपेयर खातिर अब समय बहुते कम बचल बा। आयकर विभाग के मोताबिक, वित्त बरिस 2025-26 (आकलन वर्ष 2026-27) खातिर अभी तक 4 करोड़ से जादे इनकम टैक्स रिटर्न (ITR) दाखिल हो चुकल बा। विभाग टैक्सपेयर से अपील कइले बा कि ऊ 31 जुलाई के आखिरी तारीख के इंतजार ना करे आ जल्दी से जल्दी आपन ITR फाइल कs देवे।
आयकर विभाग बतवले बा कि आईटीआर-1 (सहज) आ आईटीआर-2 दाखिल करे के अंतिम तारीख 31 जुलाई 2026 बा। विभाग के कहनाम बा कि आखिरी दिन पोर्टल पs जादे भीड़ होखे से तकनीकी दिक्कत हो सकेला, एकरा से समय रहते रिटर्न दाखिल कइल बेहतर रही।
अभी तक 4 करोड़ से जादे ITR दाखिल
आयकर विभाग के ताजा जानकारी के मोताबिक, अब तक 4 करोड़ से जादे टैक्सपेयर आपन इनकम टैक्स रिटर्न दाखिल कs चुकल बा लो। एकरा पहिले 10 जुलाई तक लगभग 1.7 करोड़ ITR दाखिल भइल रहे। विभाग के अनुसार, खाली 10 जुलाई के दिन 10 लाख से अधिक रिटर्न फाइल भइल रहे।
के भर सकेला ITR-1 आ ITR-2?
ITR-1 (सहज) ओह लोग खातिर बा, जेकर सालाना आमदनी 50 लाख रुपिया तक बा। एह फॉर्म के इस्तेमाल वेतनभोगी कर्मचारी, एक घर से आमदनी वाला टैक्सपेयर आ सीमित कृषि आमदनी (5,000 रुपिया तक) वाला लोग कs सकेला।
दूसरका ओर, ITR-2 ओह टैक्सपेयर आ हिंदू अविभाजित परिवार (HUF) खातिर बा, जेकर बिजनेस से आमदनी ना होखे, बाकिर कैपिटल गेन जइसन स्रोत से आमदनी होखे।
वित्त मंत्री के अपील
केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आयकर विभाग के अधिकारी लोगन से आम नागरिक के काम समय पs पूरा करे के अपील कइली। ऊ कहलें कि टैक्सपेयर के अनावश्यक परेसानी ना होखे आ नियम के भीतर रहके संवेदनशील तरीका से समस्या के समाधान कइल जावs।
समय रहते ITR फाइल करीं
जदि रउआ अभी तक ITR Filing 2026 ना कइनी, तs बिना देर कइले 31 जुलाई से पहिले रिटर्न दाखिल कर दीं। समय पs ITR फाइल करे से तकनीकी दिक्कत, लेट फीस आ भविष्य के टैक्स संबंधी परेसानी से बचल जा सकेला।
Read Also: CWG 2026 Today’s Schedule : भारत के खिलाड़ी आज पदक जीते के मजबूत दावेदार, जानीं पूरा कार्यक्रम






