[the_ad_group id="30365"]

CWG 2026 Today’s Schedule : भारत के खिलाड़ी आज पदक जीते के मजबूत दावेदार, जानीं पूरा कार्यक्रम

CWG 2026 Today Schedule: India Medal Hopes in Athletics, Boxing and Weightlifting
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में आज के दिन भारत खातिर बहुते अहम मानल जा रहल बा। ग्लास्गो में जारी एह प्रतिष्ठित खेल प्रतियोगिता में भारतीय खिलाड़ी कइयन गो खेलन में मैदान पs उतरी लो आ देस खातिर पदक जीते के पूरा कोसिस करी लो। खासकर बॉक्सिंग, एथलेटिक्स, वेटलिफ्टिंग, तैराकी, जिम्नास्टिक आ पैरा एथलेटिक्स में भारत के मजबूत दावेदारी देखे के मिली।

एथलेटिक्स में मुरली श्रीशंकर पs टिकल बा सबकेहू के नजर

आज से एथलेटिक्स प्रतियोगिता के सुरुआत हो रहल बा। भारत के स्टार लॉन्ग जम्प खिलाड़ी मुरली श्रीशंकर एक बेर फेर पदक जीते के इरादा से मैदान में उतरिहें। 2022 कॉमनवेल्थ गेम्स में रजत पदक जीत चुकल मुरली अबकि बेर स्वर्ण पदक जीतके इतिहास रचे के कोसिस करिहें। एकरा अलावे तेजस शिर्से, सर्वेश कुशारे, तेजस्विन शंकर, यशस पलक्ष आ संतोष तमिलरासन से सानदार प्रदर्शन के उम्मेद बा।

बॉक्सिंग में चार भारतीय मुक्केबाज उतरी लो रिंग में

भारतीय मुक्केबाज आज पदक के राह आसान करे खातिर रिंग में उतरी लो। सचिन सिवाच इंग्लैंड के विलियम हेविट से भिड़िहें, जबकि अंकुश, साक्षी चौधरी आ सुमित कुंडू अपना-अपना मुकाबला खेलिहें। चारो खिलाड़ी जीत हासिल कs के अगिला दौर में जगह बनावे के कोसिस करिहें।

वेटलिफ्टिंग आ जिम्नास्टिक में पदक के उम्मेद

भारतीय वेटलिफ्टर ज्ञानेश्वरी यादव, बिंद्यारानी देवी आ अजय बाबू अलग-अलग भार वर्ग के फाइनल में उतरिहें। तीनो खिलाड़ी से पदक के मजबूत उम्मेद बा। ओने, आर्टिस्टिक जिम्नास्टिक में प्रतिष्ठा सामंत महिला वॉल्ट फाइनल में भारत के चुनौती पेश करिहें।

तैराकी आ पैरा स्पर्धा में बा भारत के दावेदारी

भारतीय तैराक साजन प्रकाश आ स्वातिक पाटिल हीट मुकाबला खेली लो। जदि ऊ क्वालिफाई कs जाई लो तs रात में फाइनल में पदक खातिर उतरी लो। पैरा एथलेटिक्स में शर्मिला धनकर, शिल्पा के. शायला, राकेशभाई भट्ट आ श्रेयांश त्रिवेदी से बेहतरीन प्रदर्शन के उम्मेद बा।

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के आज के दिन भारतीय दल खातिर बहुते महत्वपूर्ण बा। जदि प्रमुख खिलाड़ी अपना प्रदर्शन दोहरावे में सफल रहलें, तs भारत के झोली में कइयन गो नया पदक जुड़ सकेला आ पदक तालिका में देस के इस्थिति आउर मजबूत हो सकेला।

Read Also: ZIM vs IND 3rd T20I : वैभव सूर्यवंशी के तूफानी पारी से भारत के सीरीज पs क्लीन स्वीप, जिम्बाब्वे 35 रन से हारल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]