सुनने में अजीब लागी! भइस किने के नांव पऽ भइल ऑनलाइन ठगी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2024

सावधान! भइस खरीदने के नांव पs महिला के संगे ऑनलाइन 10 हजार के ठगी हो गइल। पीड़िता पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बिया। साइबर सेल एह मामिला के जाँच करत बा। हाल ही में नौकरी,

Share

सावधान! भइस खरीदने के नांव पs महिला के संगे ऑनलाइन 10 हजार के ठगी हो गइल। पीड़िता पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बिया। साइबर सेल एह मामिला के जाँच करत बा। हाल ही में नौकरी, बियाह आ विदेश भेजे के नाम पs धोखाधड़ी के बहुत मामला सोझा आइल बा। साइबर जालसाज से सावधान रहीं आ कवनो अनजान आदमी के पइसा मत दीं।

नौकरी के नांव पs, विदेश पइसा भेजे के नांव पs, पइसा दुगुना करे के नांव पs आ बियाह के नांव पs भइल धोखाधड़ी के घटना के रउआ पढ़ले आ सुनले होखब, बाकिर भइस किने के नांव पs ऑनलाइन धोखाधड़ी के घटना बहुत कम सुनल जाला। बाबरी इलाका में अइसन मामला सोझा आइल बा, जवना में एगो आदमी एगो महिला से भइस खरीदे के नांव पs 10 हजार रुपया के ठगी कऽ देलस। अब पीड़िता के ओर से पुलिस में शिकायत दर्ज करावल गइल बा।

थाना क्षेत्र के कैड़ी गांव निवासी विक्रम सिंह के पत्नी रेखा बतवली कि उनकर भइस दूध नइखे देत, एहीसे घर में दूध के समस्या बा। कुछ दिन पहिले उऽ इंटरनेट मीडिया प वीडियो आ रील देखत रहली। ओकरा बाद एगो वीडियो सामने आइल, जवना में भइस खरीदे के बारे में जानकारी दिहल गइल।

जब उऽ वीडियो खोलली तऽ उनका पता चलल कि भइस 15 लीटर दूध देवेले, जवना के कीमत करीब 65 हजार रुपया बा। जब उऽ वीडियो में दिहल नंबर पs फोन कइली तऽ उनका के एगो अवुरी नंबर दिहल गइल। एकरा बाद जब उऽ ओ नंबर प फोन कइले तऽ शुरू में उनका खाता में 10 हजार रुपया जमा करस  आ भइस के घर पहुंचला के बाद उनका से बचे वाला रकम देवे के कहल गइल

महिला करीब एक सप्ताह से दुनो नंबर प फोन करतिया, बाकिर केहु फोन नइखे उठावत। जब उनका बुझाइल कि उनुका संगे धोखा भइल बा तऽ उऽ अपना पति के सूचना देली। एकरा बाद पति थाना पहुंच के शिकायत कइले। थाना प्रभारी राहुल सिसोदिया बतवले कि धोखाधड़ी के जानकारी साइबर सेल के दिहल गइल बा। मामला के जांच कइल जाता। एकरा बाद रिपोर्ट दाखिल कइल जाई।

भइस खरीदने के नांव पs भइल ऑनलाइन ठगी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.