इजरायल कs दिहलस बड़ हमला, ईरान के अराक भारी जल रिएक्टर पs बरसवलस बम

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2025

इजरायल ईरान के अराक भारी जल रिएक्टर पs हमला कइले बा. ईरान के सरकारी टेलीविजन चैनल बियफ़ें के एह बारे में जानकारी दिहलस। चैनल के कहनाम बा कि हमला के बाद ‘कवनो प्रकार के विकिरण

Share

इजरायल ईरान के अराक भारी जल रिएक्टर पs हमला कइले बा. ईरान के सरकारी टेलीविजन चैनल बियफ़ें के एह बारे में जानकारी दिहलस। चैनल के कहनाम बा कि हमला के बाद ‘कवनो प्रकार के विकिरण के खतरा’ नईखे अवुरी हमला से पहिले केंद्र के खाली कs दिहल गईल। इजरायल बियफ़ें के सबेरे चेतावनी दे चुकल रहे कि उs रिएक्टर पs हमला करी अवुरी लोग के इलाका छोड़े के कहले रहे।

जान लीं कि जल रिएक्टर का करेला

अराक में स्थित भारी जल रिएक्टर तेहरान से 250 किलोमीटर (155 मील) दक्खिन-पच्छिम में बा। भारी जल रिएक्टर सभ के इस्तेमाल परमाणु रिएक्टर सभ के ठंडा करे खातिर होला बाकी इनहन में प्लूटोनियम भी बने ला जेकर संभावित रूप से परमाणु हथियार सभ में इस्तेमाल कइल जा सके ला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.