[the_ad_group id="30365"]

IRCTC New Website : आईआरसीटीसी के नया वेबसाइट लॉन्च, जानीं कइसे मिली एक्सेस आ टिकट बुकिंग में का-का बदलल

IRCTC new beta website launched with modern design, faster ticket booking process and improved user interface.
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारतीय रेलवे रेल यात्रियन खातिर IRCTC के नया वेबसाइट के बीटा वर्जन लॉन्च कs देले बा। पुरान वेबसाइट के तुलना में ई नया पोर्टल आउर तेज, आसान आ मॉडर्न डिजाइन वाला बनावल गइल बा। फिलहाल एह वेबसाइट के बीटा वर्जन के रूप में सुरू कइल गइल बा, ताकि यात्रियन से मिलल सुझाव के आधार पs एमे आउर सुधार कइल जा सके। रेलवे के कहनाम बा कि टेस्टिंग पूरा होखला के बाद जल्दिये एह वेबसाइट के फाइनल वर्जन सब यूजरन खातिर जारी कइल जाई।

नया वेबसाइट पs कइसे मिली एक्सेस?

जदि रउआ नया वेबसाइट इस्तेमाल कइल चाहत बानी, तs सबसे पहिले IRCTC के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं। उहां होमपेज पs “Explore Beta Now” के नया विकल्प दिखाई दी। एह बटन पs क्लिक करतहीं रउआ नया बीटा वेबसाइट पs पहुंच जायेम।

जवना यात्रियन के बीटा एक्सेस मिलल बा, ऊ नया इंटरफेस के इस्तेमाल कs सकेला लोग आ आपन सुझावो भेज सकेला। रेलवे एह फीडबैक के आधार पs वेबसाइट के आउर बेहतर बनावे के तइयारी में बा।

नया वेबसाइट में का-का बदलल?

नया वेबसाइट में टिकट बुकिंग के अनुभव आसान बनावे खातिर कइयन गो नया फीचर जोड़ल गइल बा।

  • गैरजरूरी कैप्चा हटा दिहल गइल बा।
  • बार-बार आवे वाला पॉप-अप आ फ्लैशिंग ग्राफिक्स खतम कs दिहल गइल बा।
  • सब ट्रैवल क्लास के सीट उपलब्धता अब एके स्क्रीन पs दिखाई दी।
  • टिकट बुकिंग के दौरान चेकआउट स्टेप्स कम कs दिहल गइल बा, एह से बुकिंग जल्दी पूरा हो जाई।
  • Saved Passenger Details फीचर के बेहतर बनावल गइल बा, जवना से दोबारा टिकट बुक करे में समय बाची।

24 साल बाद बदलल IRCTC के डिजाइन

IRCTC के मवजूदा वेबसाइट साल 2002 में सुरू भइल रहे। पिछिला 24 साल में इंटरनेट, ऑनलाइन पेमेंट आ डिजिटल सेवा में बहुत बदलाव आइल बा। एह बदलाव के देखते वेबसाइट के पूरा डिजाइन नया तरीका से तइयार कइल गइल बा।

नया पोर्टल में साफ-सुथरा इंटरफेस, बेहतर नेविगेशन, नया कलर थीम आ तेज परफॉर्मेंस दिहल गइल बा। एह से नया आ पुरान दुनो तरे के यूजर आसानी से टिकट बुक कs सकी लोग।

जल्दी आई फाइनल वर्जन

रेलवे के मोताबिक, बीटा वर्जन पs मिलत सुझाव के आधार पs वेबसाइट में जरूरी बदलाव कइल जाई। ओकरा बाद IRCTC के नया पोर्टल सब यात्रियन खातिर आधिकारिक रूप से लॉन्च हो जाई। नया वेबसाइट से टिकट बुकिंग पहिले से जादे आसान, तेज आ सुविधाजनक होखे के उम्मेद बा।

Read Also: 16 जुलाई 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]