[the_ad_group id="30365"]

तेहरान पs इजरायल के भीषण हमला, ईरान में अब ले 639 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य पूर्व धीरे-धीरे एगो बड़ युद्ध के ओर बढ़ रहल बा। सातवाँ दिन इजरायल आ ईरान के बीच युद्ध जारी बा. ईरान से चलावल मिसाइलन के इजरायली वायु रक्षा प्रणाली नाकाम कs दिहले बा. एकरा साथे ही इजरायल ईरान में यूरेनियम सेंट्रीफ्यूज अउरी मिसाइल बनावे वाली यूनिट पs भी हमला कईलस| इजरायली हमला के चलते ईरान में अबले 639 लोग के मौत हो चुकल बा. अमेरिका भी एह युद्ध में कूद सकेला| राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के अंतिम आदेश के इंतजार बा।

इजरायली दूतावास-स्रोत से अपना कर्मचारियन के निकालत बा अमेरिका

समाचार एजेंसी एपी सूत्रन के हवाला से खबर दिहले बिया कि अमेरिका इजरायल में दूतावास से अपना कुछ कूटनीतिक कर्मचारियन के निकालल शुरू कs दिहले बा. कई गो राजनयिक आ ओह लोग के परिवार के लोग के सरकारी विमान में ले जाइल गइल बा. हालांकि अबहीं ले खाली करावे वाला लोग के सही संख्या साफ नइखे भइल.

इजरायल आ ईरान के बातचीत के माध्यम से समाधान खोजे के चाहीं : पुतिन

रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन ईरान आ इजरायल के बीच बढ़त युद्ध पs चिंता जतवले बाड़न आ कहले बाड़न कि ऊ इजरायल आ अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प से लगातार संपर्क में बाड़न. उs एह बात पs जोर देले कि एs लड़ाई के रोके के रास्ता खोजल जाए के चाही। एकर समाधान खोजल जाव जवन ईरान आ इजरायल दुनु के हित में होखे.

ट्रंप के अंतिम आदेश के इंतजार

अमेरिकी मीडिया वॉल स्ट्रीट जर्नल के खबर के मुताबिक अमेरिका एह युद्ध में कूदे खातिर पूरा तरह से तइयार बा. अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप ईरान पs हमला करे के योजना के मंजूरी दे दिहले बाड़न. बाकिर आखिरी आदेश पs रोक लगा दिहल गइल बा कि ईरानी सरकार आपन परमाणु कार्यक्रम रोकत बिया कि ना. अगर ईरान आपन परमाणु कार्यक्रम ना रोकल तs अमेरिका इजरायल के तरफ से ईरान के खिलाफ लड़ाई में शामिल हो जाई.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सबेरे उठला के बाद इs व्यायाम करीं, बेमारी से रहब दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]