IPL के पूर्व चेयरमैन Lalit Modi के दूसरा बेर भइल कोविड, दिहल जा रहल बा ऑक्सीजन सपोर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 14, 2023

Lalit Modi Hospitalized: आईपीएल (IPL) के पूर्व अध्यक्ष ललित मोदी लगातार ऑक्सीजन सपोर्ट पs बाड़े। उनका इन्फ्लूएंजा निमोनिया के संगे दु हफ्ता में 2 बेर कोविड भइल।मेक्सिको सिटी में रह रहल ललित मोदी के उनकर

Share

Lalit Modi Hospitalized: आईपीएल (IPL) के पूर्व अध्यक्ष ललित मोदी लगातार ऑक्सीजन सपोर्ट पs बाड़े। उनका इन्फ्लूएंजा निमोनिया के संगे दु हफ्ता में 2 बेर कोविड भइल।मेक्सिको सिटी में रह रहल ललित मोदी के उनकर बेटा आ डॉक्टर्स एयरलिफ्ट कs के लंदन ले गइल लोग आ उहां उनकर इलाज करावल लोग। जानकारी खुद ललित मोदी अपना इंस्टाग्राम अकाउंट के माध्यम से देलें।

बता दीं कि आईपीएल के पूर्व अध्यक्ष ललित मोदी (Lalit Modi) मौत के मुंह से बाहर निकल आइल बाड़े। उनका इंफ्लूएंजा, निमोनिया के संगे दु हफ्ता में दु बेर कोविड भइल रहे। एकर जानकारी ललित मोदी खुद देलें। अपना ऑफिशियल इंस्टाग्राम पs ललित मोदी बतवलें कि डॉक्टर आ बेटा कुशल एयर एम्बुलेंस से हमरा के लंदन ले आइल लो आ हमार इलाज करावल, एह वजह से हम मौत के मुंह से वापस आ सकनी, बाकिर अभियो हमरा 24 घंटा बाहरी ऑक्सीजन पs रहे के पड़त बा।

ऊ एकरा संगही कहलें,

दु गो डॉक्टर लोग तीन हफ्ता तक हमार इलाज आ लगातार निगरानी कइल लो। एगो डॉक्टर मेक्सिको सिटी में हमार देखभाल कइलें आ दूसरका हमार लंदन में ख्याल रखलें। ओह लोग के तारीफ खातिर हमरा लगे कवनो शब्द नइखे। ऊ आगे लिखले कि विमान आरामदायक रहल। विस्तारा जेट के धन्यवाद। हम सभे के बहुत आभारी बानी। सबका खातिर पेयार। हमार बेटा, मित्र आ हमार करीबी दोस्त हरीश साल्वे, जवन दु हफ्ता तक पूरा तरे से हमरा साथे रहल लोग। ऊ सभे हमार परिवार हs आ हमार हिस्सा हs। भगवान भला करस। जय हिन्द।”

Lalit Modi कइले रहस IPL के सुरुआत

बता दीं कि ललित मोदी आईपीएल के सुरुआत कइले रहस। ऊ साल 2005 से 2010 तक बीसीसीआई के उपाध्यक्ष रहलें।2008 से 2010 तक आईपीएल के अध्यक्ष आ कमिश्नर रहलें। 2010 में ललित के धांधली के आरोप में आईपीएल कमिश्नर के पद से बर्खास्त कs दिहल गइल रहे। एकरा संगही उनका के बीसीसीआई के पद से हटा दिहल गइल रहे। मनी लॉन्ड्रिंग केस में आरोपन के बाद 2010 में ललित देस से फरार हो गइल रहस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.