IPL 2024 Auction : पैट कमिंस रचले इतिहास, आईपीएल में बिके वाला बनले सबसे महंगा खिलाड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2023

  दुबई में आईपीएल 2024 के नीलामी शुरू हो गइल बा। सनराइजर्स हैदराबाद टीम 6.80 करोड़ रुपिया में ट्रेविस हेड के आपन शिविर में शामिल कइले बिया। जबकि हैरी ब्रुक के दिल्ली कैपिटल्स के टीम

Share

 

दुबई में आईपीएल 2024 के नीलामी शुरू हो गइल बा। सनराइजर्स हैदराबाद टीम 6.80 करोड़ रुपिया में ट्रेविस हेड के आपन शिविर में शामिल कइले बिया। जबकि हैरी ब्रुक के दिल्ली कैपिटल्स के टीम खरीदले बिया। दोसरा तरफ राजस्थान रॉयल्स टीम रोवमैन पावेल के आपन शिविर में शामिल कइले बिया। साथही भारत के स्टार बल्लेबाज करुण नायर आ मनीष पांडे के कवनो खरीददार नइखे मिलल।

 हर्षल पटेल के खरीदलस पंजाब किंग्स

हर्षल पटेल के पंजाब किंग्स टीम 11.75 करोड़ रुपिया में खरीदले बिया। पिछला सीजन में हर्षल पटेल के आरसीबी टीम में शामिल कइल गइल रहे।

गेराल्ड कोएत्जी के खरीदलस मुंबई इंडियंस 

गेराल्ड कोएत्जी के मुंबई इंडियंस टीम पांच करोड़ रुपिया में खरीदले बिया। गेराल्ड वनडे वर्ल्ड कप 2023 में दक्षिण अफ्रीका खातिर शानदार गेंदबाजी कइलन आ 20 गो विकेट ले लिहलन।

पैट कमिंस रचले इतिहास

पैट कमिंस आईपीएल में सबसे महंगा बिके वाला खिलाड़ी बन गइल बाड़न। सनराइजर्स हैदराबाद टीम उनुका के 20 करोड़ 50 लाख रुपिया में खरीदले बिया। उहे इतिहास रचले बाड़े।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.