मालदा में दु गुटन के बीच हिंसा के बाद इंटरनेट बंद, कुल 34 लोग गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2025

पश्चिम बंगाल के मालदा जिला के मोथाबारी इलाका आ आसपास के इलाका में दू गो समुदाय के बीच झड़प के मामिला सामने आइल बा. एकरा बाद एs मामला में 34 लोग के गिरफ्तार कs लिहल

Share

मालदा में दु गुटन के बीच हिंसा

पश्चिम बंगाल के मालदा जिला के मोथाबारी इलाका आ आसपास के इलाका में दू गो समुदाय के बीच झड़प के मामिला सामने आइल बा. एकरा बाद एs मामला में 34 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। इलाका में इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा. इलाका में भारी संख्या में पुलिसकर्मी के तैनाती कईल गईल बा। ओने कलकत्ता हाईकोर्ट बियफे के दिने जिला मजिस्ट्रेट आ पुलिस अधीक्षक के 3 अप्रैल ले एह हिंसा पs कार्रवाई रिपोर्ट दर्ज करावे के निर्देश दिहलस.

धारा 144 ना लगावल गईल एs मामला पs राज्य मंत्री अवुरी स्थानीय टीएमसी विधायक सबीना यास्मीन कहली कि, “हमनी के अबे समुदाय अवुरी समूह के बीच शांति बैठक पूरा कईले बानी। बैठक बहुत सकारात्मक रहे। हमनी के पूरा भरोसा बा कि जल्दिए स्थिति सामान्य हो जाई।” उs कहली कि इंटरनेट निलंबन के बावजूद आवे वाला ईद अवुरी राम नवमी के जश्न के देखत धारा 144 (निषेधात्मक आदेश) ना लगावल गईल। मंत्री कहले कि, ‘राम नवमी अवुरी ईद के त्योहार के चलते इs तय भईल कि धारा 144 ना लगावल जाई, बाकिर पुलिस अवुरी प्रशासन इs संदेश देले बा कि कवनो बड़ भीड़ के जुटावे ना दिहल जाई।’ 

इलाका में भारी पुलिस बल तैनात एने पुलिस महानिरीक्षक राजेश यादव राज्य सशस्त्र पुलिस आ आरएएफ के तीन कंपनी कालियाचक प्रखंड के संवेदनशील इलाका में निगरानी रखले बिया बतवले। उs कहले कि, हमनी के लोग लगातार इलाका के नियंत्रण में राखे के कोशिश करतारे अवुरी बाजार समेत पूरा इलाका में पुलिस दस्ता घूमता। आगे मालदा पुलिस ‘एक्स’ पs लिखले बिया कि, “दुष्टाचारी के खिलाफ छापामारी अवुरी गिरफ्तारी के अलावे कानून अवुरी व्यवस्था के कायम राखे खातीर संवेदनशील इलाका में पुलिस के पिकेट रणनीतिक तौर पs लगावल गईल बा।” पोस्ट में कहल गइल बा कि कवनो अप्रिय स्थिति के तुरते जवाब देबे खातिर मोबाइल यूनिट सक्रिय कs दिहल गइल बा, आ पुलिस के मौजूदगी मजबूत करे खातिर बल लगावल गइल बा. 

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.