Youtube के राह पs Instagram! यूजर्स के मिली डिसलाइक बटन, जानीं कवना काम आई

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

पॉपुलर शॉर्ट वीडियो प्‍लेटफॉर्म इंस्‍टाग्राम पs बहुते जल्‍दी एगो नया फीचर आ सकत बा। कहल जा रहल बा कि इंस्‍टाग्राम यूजर्स के डिसलाइक के सुविधा मिले वाला बा। फ‍िलहाल एह फीचर के टेस्‍ट कइल जाये

Share

Youtube के राह पs Instagram! यूजर्स के मिली डिसलाइक बटन, जानीं कवना काम आई

पॉपुलर शॉर्ट वीडियो प्‍लेटफॉर्म इंस्‍टाग्राम पs बहुते जल्‍दी एगो नया फीचर आ सकत बा। कहल जा रहल बा कि इंस्‍टाग्राम यूजर्स के डिसलाइक के सुविधा मिले वाला बा। फ‍िलहाल एह फीचर के टेस्‍ट कइल जाये के खबर बा। न्यू यॉर्क पोस्ट के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा कि इंस्‍टाग्राम के नया फीचर यूजर्स के इंस्टा कमेंट पसंद ना अइला पs ओकरा के डिसलाइक करे के ऑप्शन देला। ई बटन डाउनग्रेड एरो के तरे लउकेला। मतलब नीचे के तरफ वाला एगो तीर नजर आई। ई ऑप्शन रउआ के कमेंट सेक्शन में दिखी। ई फीचर Reddit के डाउनवोट के तरे बा। इंस्टाग्राम अब तक एह फीचर से इनकार करत रहल बा। बाकिर अब कंपनी ऑफिशयिली एह फीचर के ऐलान कs देले बिया।

केतना डिसलाइक आइल, ना लउकी नंबर

इंस्टाग्राम के एडम मोसेरी सोशल मीडिया प्‍लेटफॉर्म थ्रेड्स पs एगो पोस्ट कइले बाड़ें। एमे ऊ साफ कइलें कि डिसलाइक के गिनती ना लउकी। माने केतना लोग कमेंट के डिसलाइक कइले बा, ई पता ना चल पाई। संगही केहूओ के मालूम ना चली कि केतना लोग कंटेंट के डिसलाइक कइले बा। डिसलाइक के कमेंट्स के रैंकिंग में गिनल जाई। एकरा के लेके एगो स्क्रीनशॉट शेयर कइल गइल बा। ओमे देखल जा सकत बा कि कमेंट सेक्शन में डाउन एरो बा।

कइयन गो यूजर्स के पसंद नइखे आवत फीचर

हालांकि, इंस्टाग्राम के डिसलाइक फीचर बहुते यूजर्स के पसंद नइखे आ रहल। रिपोर्ट के अनुसार, यूजर्स के कहनाम बा कि ई फीचर बुलिंग आ नेगिटेविटी के बढ़ावा दी। इंस्टाग्राम के तरे यूट्यूब में डिसलाइक बटन मवजूद बा। उहां थम्सअप आ थम्सडाउन बटन मिलत बा।

का मेंटल हेल्‍थ के समस्‍या बढ़ाई डिसलाइक बटन

कुछ इंस्टाग्राम यूजर्स के कहनाम बा कि डिसलाइक बटन मेंटल हेल्थ के वजह बनी। एक्सपर्ट के कहनाम बा कि सोशल मीडिया पs डिसलाइक कमेंट जादे मिलला से लोगन में निगेटिविटी के संगे चिड़चिड़ापन देखे के मिल सकत बा। संगही ई अवसाद के वजह बन सकत बा।

कंटेंट इंप्रूवमेंट में मिली मदद

रिपोर्ट के अनुसार, हालांकि मेटा के प्रवक्‍ता कहले बाड़ें कि नया फीचर यूजर के प्राइवेटली सिग्नल देला बा कि ऊ कवनो खास कंटेंट के पसंद ना करेला। मतलब नया बटन कंटेंट क्रिएटर्स के कंटेंट मैनेज करे में मदद कs सकत बा। क्रिएटर्स एकर विजिबिलिटी के कम कs सकत बा। मेटा के प्रवक्‍ता के कहनाम बा कि डिसलाइक बटन के कमेंट सेक्शन में बाद में नीचे के तरफ मूव कइल जा सकत बा।

Read Also: Champions Trophy 2025: बस 2 जीत आ टीम इंडिया के नाम दर्ज हो जाई वर्ल्ड रिकॉर्ड, अइसन करे वाली बनी पहिला टीम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.