Instagram down: इंस्टाग्राम के सर्विस भइल ठप, दुनियाभर के हजारन गो यूजर्स परेशान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

  इंस्टाग्राम सर्वर डाउन होखला के चलते पूरा दुनिया के हजारों यूजर परेशान बाड़े। एs ऐप के इस्तेमाल में यूजर के समस्या के सामना करे के पड़ता। हजारों यूजर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के समस्या के

Share

Instagram down

 

इंस्टाग्राम सर्वर डाउन होखला के चलते पूरा दुनिया के हजारों यूजर परेशान बाड़े। एs ऐप के इस्तेमाल में यूजर के समस्या के सामना करे के पड़ता। हजारों यूजर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के समस्या के रिपोर्ट कईले बाड़े। मंगल के सांझ के करीब 5:14 बजे के आसपास यूजर के इंस्टाग्राम के इस्तेमाल करे में परेशानी भईल। वेबसाइट के तकनीकी समस्या के निगरानी करे वाली वेबसाइट डाउनडिटेक्टर के मुताबिक, 2000 से जादे यूजर इंस्टाग्राम में समस्या के रिपोर्ट कईले बाड़े।

सोशल मीडिया प्लेटफार्म फेसबुक अवुरी एक्स पs बहुत यूजर इंस्टाग्राम के समस्या के जानकारी देले बाड़े। अधिकांश यूजर के ऐप में लॉग इन करे अवुरी होम फीड के रिफ्रेश करे में समस्या के सामना करे के पड़त रहे। एs ऐप में आवे वाली समस्या के बारे में मेटा के ओर से कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे दिहल गईल।

फोटो आ वीडियो शेयर करे में समस्या

मेटा के फोटो आ वीडियो साझा करे वाला प्लेटफार्म पs दुनिया भर में 20 करोड़ से अधिका रोजाना सक्रिय यूजर बाड़े. एप्प में समस्या के चलते यूजर के फोटो अवुरी वीडियो अपलोड करे में परेशानी के सामना करे के पड़ल बा।  इंस्टाग्राम के सेवा में एs समस्या के पीछे के कारण के खुलासा नईखे भईल. हालांकि बहुत यूजर के एs ऐप के इस्तेमाल में कवनो समस्या नईखे होखत। मतलब कि ऐप के सर्वर में आंशिक रूप से खराबी हो गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.