Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Infinix Smart 8 Plus में मिली 6000 mAh बैटरी, 10 हजार से कम बा कीमत

955

Infinix आपन स्मार्टफोन के सीरीज के बढ़ा देले बा। एही कड़ी में Infinix Smart 8 Plus लॉन्च हो गइल बा। ई एगो बजट स्मार्टफोन हs। बाकिर एकर डिस्प्ले पs कंपनी की तरफ से बहुते काम कइल गइल बा। एह स्मार्टफोन में रउआ के HD+ Display दिहल जाला आ ई MediaTek Chipset के संगे आवेला। Infinix अपने फोन में 6,000 mAh के बैटरी देले बा। माने बैटरी बैकअप के लेके कवनो परेसानी नइखे होखे वाला।

बेहतरीन फीचर्स के संगे अबकियो बेर कंपनी अपना स्मार्टफोन के कीमत के कम रखे के प्रयास कइले बिया। इहे वजह बा कि फोन के किनत घरी रउआ महज 7,799 रुपिया खर्च करे के होई। ई फोन Galaxy White, Shiny Gold आ Timber Black कलर ऑप्शन में आवेला। फोन के रउआ नौ मार्च से फ्लिपकार्ट से किन सकत बानी। माने नौ मार्च से फोन के सेल स्टार्ट होखे जा रहल बा।

का हs स्पेसिफिकेशन-

Infinix Smart 8 Plus में रउआ 6.6 Inch HD+ Display दिहल जाला जवन 720X1612 पिक्सल रेजोल्यूशन के संगे आवेला। सSanही 90Hz रिफ्रेश रेट के वजह से रउआ टच के लेके भी कवनो परेसानी नइखे होखे वाला। ई फोन 500 nits peak brightness level के संगे आवेला। फोन में रउआ octa-core MediaTek Helio G36 Chipset मिलेला जवन 4GB RAM सपोर्ट के संगे आवेला। एकरा अलावे फोन में 4GB वर्चुअल रैम मिले वाला बा।

डिवाइस में रउआ 128GB Storage मिले वाला बा, जवना के रउआ अपना अपने हिसाब से 2TB तक बढ़ा सकत बानी। Infinix के नया स्मार्टफोन डुअल सिम सपोर्ट के संगे आवेला। जवना के प्राइमरी कैमरा 50MP के दिहल गइल बा आ एकरा संगे रउआ Quad LED ring flash दिहल जात बा। ई डिवाइस 8MP फ्रंट कैमरा सपोर्ट करेला। खास बात बा कि एमे फ्रंट कैमरा के संगही रउआ के एलईडी फ्लैश दिहल जाला।

754280cookie-checkInfinix Smart 8 Plus में मिली 6000 mAh बैटरी, 10 हजार से कम बा कीमत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.