IndiGo के फ्लाइट के नागपुर में इमरजेंसी लैंडिंग, कोच्चि से दिल्ली जात रहे विमान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2025

बम के जानकारी के बाद इंडिगो के विमान नागपुर में इमरजेंसी लैंडिंग कs चुकल बा। जानकारी के मुताबिक कोच्चि से दिल्ली जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट नंबर 6ई 2706 नागपुर हवाई अड्डा पs इमरजेंसी लैंडिंग

Share

बम के जानकारी के बाद इंडिगो के विमान नागपुर में इमरजेंसी लैंडिंग कs चुकल बा। जानकारी के मुताबिक कोच्चि से दिल्ली जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट नंबर 6ई 2706 नागपुर हवाई अड्डा पs इमरजेंसी लैंडिंग कs चुकल बिया। विमान में सवार सभ यात्री सुरक्षित बाड़े।

विमान में सवार सभ यात्री सुरक्षित बाड़े

बतावल जाता कि आज सबेरे 9:20 बजे कोच्चि से दिल्ली जाए वाला इंडिगो के फ्लाइट नंबर 6E 2706 के बम के धमकी मिलल अवुरी उs नागपुर हवाई अड्डा पs उतरल। यात्रियन के सुरक्षित निकालल गइल बा। जानकारी के मुताबिक इंडिगो के फ्लाइट 6E 2706 केरल के कोचीन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से सबेरे 9.20 बजे दिल्ली खाती रवाना भईल अवुरी हवा के बीच ओकरा बम के धमकी मिलल अवुरी ओकरा के नागपुर हवाई अड्डा पs मोड़ दिहल गईल। सगरी यात्रियन के सुरक्षित निकाल दिहल गइल बा. मामला के जांच जारी बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.