Pakistan: भारत के सख्ती से पाकिस्तान बेहाल; आनाकानी के बाद वाघा बॉर्डर पs फंसल नागरिकन के वापस लेवे खातिर मजबूर

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2025

नेशनल डेस्क: भारत के सख्ती से पाकिस्तान परेसान हो गइल बा। भारत सरकार के देस छोड़े के आदेस के बाद कइयन गो पाकिस्तानी वाघा बॉर्डर पs फंस गइल बा लो। अब पाकिस्तान के सरकार एलान

Share

नेशनल डेस्क: भारत के सख्ती से पाकिस्तान परेसान हो गइल बा। भारत सरकार के देस छोड़े के आदेस के बाद कइयन गो पाकिस्तानी वाघा बॉर्डर पs फंस गइल बा लो। अब पाकिस्तान के सरकार एलान कइले बिया कि ऊ वाघा बॉर्डर पs फंसल पाकिस्तानी नागरिकन के वापस ली। पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत सख्त रुख अपनावत भारत में रह रहल पाकिस्तानी नागरिकन के वीजा रद्द करे के एलान कs देलस आ पाकिस्तानी नागरिकन के एगो तय समय सीमा के भीतर देस छोड़े के निरदेस दे दिहल गइल।

70 पाकिस्तानी अटारी-वाघा सीमा पs फंसल लो

पाकिस्तानियन के भारत छोड़े के समय सीमा 30 अप्रिल के समाप्त हो गइल, जवना के बाद बियफे के अटारी-वाघा बॉर्डर बंद रहल। हालांकि कम से कम 70 पाकिस्तानी नागरिक बियफे के अटारी-वाघा बॉर्डर पs फंसल बा लो। मीडिया से बात करत पाकिस्तान के बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता सीमा पs फंसल पाकिस्तानी नागरिकन के लेके कहलें कि ‘हमनी के ओह मीडिया रिपोर्ट्स के जानकारी बा, जेमे कुछ पाकिस्तानी नागरिकन के अटारी सीमा पs फंसल होखे के जानकारी मिलल बा। हमनी के अपना नागरिकन के वापस लेवे खातिर तइयार बा। भारतीय अधिकारी ओह लोगन के पार करे के इजाजत देवे लो।’

भविष्यो में खुलल रही वाघा बॉर्डर

पाकिस्तान पाकिस्तानी नागरिकन के वीजा रद्द करे के भारत सरकार के फैसला के आलोचना कइलस आ कहलस कि एकरा से गंभीर मानवीय संकट पैदा हो गइल बा काहेकि एकरा से भारत में इलाज करा रहल परिवार प्रभावित भइल बाड़ी सs। उल्लेखनीय बा कि भारत पाकिस्तानी नागरिकन के 26 अप्रिल के बाद भारत छोड़े के आदेस देले रहे। एमे सार्क वीजा धारक सामिल बा। ओहिजा, मेडिकल वीजा धारक पाकिस्तानी नागरिकन के 29 अप्रिल तक भारत छोड़े के सलाह दिहल गइल रहे। भारत के देखा-देखी पाकिस्तान वाघा बॉर्डर के बंद कs देलस आ भारतीयन के सार्क वीजा योजना के तहत मिलल वीजा के रद्द कs दिहल।

Read Also: डीडीयू में आयोजित प्लेसमेंट ड्राइव में 115 विद्यार्थी देखावल लो प्रतिभा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.