Datta Gaekwad: भारतीय क्रिकेट जगत में शोक के लहर, देश के सबसे उम्रदराज क्रिकेटर के भइल निधन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2024

  Datta Gaekwad Passed Away : भारतीय क्रिकेट जगत के एगो किंवदंती एह दुनिया के अलविदा कs दिहले बा। एह दिग्गज क्रिकेटर के नाम दत्ता गायकवाड़ ह। भारत खातिर खेले वाला दत्ता गायकवाड 95 साल

Share

 

Datta Gaekwad Passed Away : भारतीय क्रिकेट जगत के एगो किंवदंती एह दुनिया के अलविदा कs दिहले बा। एह दिग्गज क्रिकेटर के नाम दत्ता गायकवाड़ ह। भारत खातिर खेले वाला दत्ता गायकवाड 95 साल के उमिर में बड़ौदा में अपना घर में आखिरी साँस ले लिहलन। दत्ता गायकवाड भारत के सबसे पुरान क्रिकेटर रहे। दत्ता गायकवाड भारत खातिर सबसे लमहर उमिर के क्रिकेटर रहलें।

भारत के सबसे पुराने क्रिकेटर के निधन

दत्ता गायकवाड के जनम बड़ौदा में साल 1928 में भइल रहे। उs 1952 से 1961 के बीच भारत खातिर 11 टेस्ट मैच खेलले रहले। दत्ता गायकवाड एह 11 गो टेस्ट मैचन में से 20 पारी में 350 रन बनवले रहले। एह दौरान उs 1 आधा शतक बनवले रहले। दत्ता गायकवाड भारतीय टीम के कप्तान भी रहलें। ऊ 1959 में इंग्लैंड के दौरा करे वाली भारतीय टीम के कप्तान रहलें। टीम इंडिया के एह दौरा पs 4-0 से हार के सामना करे के पड़ल।

सबसे लंबा समय ले जीवित रहे वाला भारतीय खिलाड़ी:

95 साल – दत्ता गायकवाड़ (1929-2024)

94 साल – मोरप्पाकम गोपालन (1909-2003)

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.