Champions Trophy: चैंपियंस ट्रॉफी खातिर भारतीय टीम में बदलाव, बुमराह-जायसवाल बाहर; हर्षित-वरुण के मवका

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 12, 2025

चैंपियंस ट्रॉफी के सुरुआत में अब जादे वक्त नइखे बचल। 19 फरवरी से सुरू होखे वाला टूर्नामेंट से पहिले मंगर के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अपडेटेड स्क्वॉड के एलान कs देलस। तेज गेंदबाज जसप्रीत

Share

Champions Trophy: चैंपियंस ट्रॉफी खातिर भारतीय टीम में बदलाव, बुमराह-जायसवाल बाहर; हर्षित-वरुण के मवका

चैंपियंस ट्रॉफी के सुरुआत में अब जादे वक्त नइखे बचल। 19 फरवरी से सुरू होखे वाला टूर्नामेंट से पहिले मंगर के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अपडेटेड स्क्वॉड के एलान कs देलस। तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह पीठ में चोट के कारण बाहर हो गइल बाड़ें। उनका जगह जुवा गेंदबाज हर्षित राणा के टीम में सामिल कइल गइल बा। एकरा अलावा लेग स्पिनर वरुण चक्रवर्ती के 15 सदस्यीय स्क्वॉड के हिस्सा बनावल गइल बा, ऊ यशस्वी जायसवाल के जगह टीम में समिल होइहें। बीसीसीआई मोहम्मद सिराज, शिवम दुबे आ यशस्वी जायसवाल के रिजर्व के तौर पs रखले बा।

बीसीसीआई आईसीसी के सउपलस फाइनल स्क्वॉड के सूची

चैंपियंस ट्रॉफी खातिर सब आठ टीमन के को फाइनल स्क्वॉड के सूची मंगर माने 11 फरवरी तक सउपे के रहे। बीसीसीआई अपना फाइनल स्क्वॉड में दु बदलावन के संगे 15 सदस्यीय स्क्वॉड के सूची आईसीसी के सउप देलस। एमे जसप्रीत बुमराह आ यशस्वी जायसवाल के बाहर के रास्ता दिखावल गइल बा जबकि हर्षित राणा आ वरुण चक्रवर्ती के टीम में सामिल कइल गइल गइल बा।

बुमराह के बाहर होखला से टीम के लागल झटका

चैंपियंस ट्रॉफी खातिर पिछला महीना घोषित भइल भारत के 15 सदस्यीय प्रारंभिक टीम में बुमराह के नाम सामिल रहे, ऊ इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज में ना खेल सकले जवन 19 फरवरी से सुरू हो रहल चैंपियंस ट्रॉफी से पहिले भारत के अंतिम सीरीज हs। बुमराह के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सिडनी में खेलल गइल पांचवां टेस्ट के दौरान चोट लागल रहे आ ऊ तबे से कवनो मुकाबला नइखन खेल सकल। पीठ में चोट के कारण उनका फाइनल टीम में जगह नइखे मिलल। तेज गेंदबाज के गैरमवजूदगी से भारतीय टीम के तगड़ा झटका लागल बा।

हर्षित-वरुण के मिलल डेब्यू के मवका

इंग्लैंड के खिलाफ जारी तीन मैचन के वनडे सीरीज के सुरुआती दु मुकाबलन में हर्षित राणा आ वरुण चक्रवर्ती के वनडे में डेब्यू के मवका मिलल रहे। राणा नागपुर में खेलल गइल पहिला वनडे मैच से डेब्यू कइलें आ ऊ अब तक सीरीज के दुनो मैच खेलले बाड़ें आ बीच के ओवरन में प्रभावितो कइले बाड़ें। दूसरका ओर, स्पिनर वरुण चक्रवर्ती के भारत डेब्यू के मवका देलस जवन इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टी20 सीरीज में प्रभावित करे में सफल भइल रहस।

बीच के ओवरन में 23 फरवरी के भिड़ी भारत आ पाकिस्तान

भारत चैंपियंस ट्रॉफी में ग्रुप ए में सामिल बा जेमे पाकिस्तान, बांग्लादेश आ न्यूजीलैंड बा। भारत आपन सब मुकाबला हाइब्रिड मॉडल के तहत दुबई में खेली काहेकि ऊ एह टूर्नामेंट खातिर पाकिस्तान जाये से इनकार कs देले बा। आठ टीमन के एह टूर्नामेंट में 15 मैच होई। ई टूर्नामेंट 19 दिन तक चली। चैंपियंस ट्रॉफी में भारत आ पाकिस्तान के बीच लीग मैच 23 फरवरी (अतवार) के खेलल जाई।

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातिर भारत के टीम: रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल (उपकप्तान), विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), ऋषभ पंत (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, वाशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, हर्षित राणा, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह, रवींद्र जडेजा, वरुण चक्रवर्ती।

रिजर्व: यशस्वी जयसवाल, मोहम्मद सिराज और शिवम दुबे।

Read Also: UP: राम मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास के निधन, लखनऊ के एसजीपीजीआई में लेलें अंतिम सांस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.