IND vs ENG: भारत बनाम इंग्लैंड पहला T20I मुकाबला कब, कहां आ कइसे देख पाएब, ईहां जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2025

भारतीय क्रिकेट टीम आपन घरेलू मैदान पs इंग्लैंड के मेजबानी करे खातिर तइयार बिया.  दुनो टीम के बीच 5 मैच के टी-20आई सीरीज 22 जनवरी से शुरू होई।  पहिला टी-20 मैच कोलकाता के ऐतिहासिक क्रिकेट

Share

IND vs ENG

भारतीय क्रिकेट टीम आपन घरेलू मैदान पs इंग्लैंड के मेजबानी करे खातिर तइयार बिया.  दुनो टीम के बीच 5 मैच के टी-20आई सीरीज 22 जनवरी से शुरू होई।  पहिला टी-20 मैच कोलकाता के ऐतिहासिक क्रिकेट मैदान ईडन गार्डन में खेलल जाई.  तीन साल बाद ईडन गार्डन में टी20आई मैच के आयोजन कइल जा रहल बा.  अइसना में क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बंगाल (सीएबी) पहिला टी-20 मैच के तइयारी में व्यस्त बा.  पिछला टी-20 मैच 20 फरवरी 2022 के कोलकाता में भइल रहे आ अब तीन साल बाद टी-20 मैच के आयोजन होखे वाला बा. अब जानीं कि हमनी के पहिला टी20आई मैच कब, कहाँ आ कइसे देख सकीले…

मैच कहाँ देखे के मिली
भारत बनाम इंग्लैंड टी-20आई सीरीज के सगरी मैच स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क पs लाइव प्रसारित कइल जाई.  भारत बनाम इंग्लैंड के मैच के आनंद स्टार स्पोर्ट्स के अलग अलग चैनल पs टीवी पर देखल जा सकेला.  एकरा साथे ही एह सीरीज के मैच के लाइव स्ट्रीमिंग डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs भी उपलब्ध होई।  लाइव मैच के प्रसारण डीडी फ्री डिश पs भी कइल जाई। 

कवना समय से मैच शुरू होई?

भारत आ इंग्लैंड के बीच होखे वाला टी-20आई सीरीज के सगरी मैच भारतीय समय साँझ सात बजे से खेलल जाई.  टॉस एकरा से आधा घंटा पहिले यानी 6.30 बजे होई।  एह टी-20 सीरीज के बाद दुनु टीम के मुकाबला वनडे सीरीज में होखी. 

भारत बनाम इंग्लैंड T20I सीरीज के पूरा शेड्यूल (5 T20I)
भारत बनाम इंग्लैंड, पहला T20I: 22 जनवरी 2025, कोलकाता (ईडन गार्डन्स)
भारत बनाम इंग्लैंड, दूसरा T20I: 25 जनवरी 2025, चेन्नई (एमए चिदंबरम स्टेडियम)
भारत बनाम इंग्लैंड, तीसरा T20I: 28 जनवरी 2025, राजकोट (सौराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम)
भारत बनाम इंग्लैंड, चौथा T20I: 31 जनवरी 2025, पुणे (महाराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम)
भारत बनाम इंग्लैंड, 5वां T20I: 02 फरवरी 2025, मुंबई (वानखेड़े स्टेडियम)

दुनु टीमन के स्क्वॉड एह प्रकार बा:-

भारत: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), संजू सैमसन (विकेटकीपर), अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पंड्या, रिंकू सिंह, नितीश कुमार रेड्डी, अक्षर पटेल (उपकप्तान), हर्षित राणा, अर्शदीप सिंह, मोहम्मद शमी, वरुण चक्रवर्ती, रवि बिश्नोई , वाशिंगटन सुंदर, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर)।

इंग्लैंड: जोस बटलर (कप्तान), रेहान अहमद, जोफ्रा आर्चर, गस एटकिंसन, जैकब बेथेल, हैरी ब्रूक, ब्रायडन कार्स, बेन डकेट, जेमी ओवरटन, जेमी स्मिथ, लियाम लिविंगस्टोन, आदिल राशिद, साकिब महमूद, फिल साल्ट, मार्क वुड।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.