IND vs BAN Cricket: बांग्लादेश टीम के पारी भइल शुरू, सौम्य आ तंजीद ओपनिंग में उतरले

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2025

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के दुसरका मैच में आजु भारत आ बांग्लादेश के मुकाबला बा. ई मैच दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल जा रहल बा. एह मैच में बांग्लादेश टीम के कप्तान नजमुल हुसैन शांतो टॉस

Share

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के दुसरका मैच में आजु भारत आ बांग्लादेश के मुकाबला बा. ई मैच दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल जा रहल बा. एह मैच में बांग्लादेश टीम के कप्तान नजमुल हुसैन शांतो टॉस जीतला के बाद पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले बाड़न.  ई मैच दुनु टीम खातिर बहुते जरूरी बा आ जवन टीम एह मैच में जीत हासिल करी ओकरा सेमीफाइनल में चहुँपल आसान हो जाई.  एह मैच के दौरान सगरी नजर भारत के स्टार खिलाड़ियन खास कs के विराट आ रोहित पs रही.  हालही में दुनु बल्लेबाज के फॉर्म ओतना बढ़िया नइखे रहल एहसे एह मैच में बड़हन पारी खेल के एह टूर्नामेंट के पहिला मैच में आपन फॉर्म फेर से जुटावे के कोशिश करीहें.

भारतीय टीम के प्लेइंग 11


रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, रवींद्र जडेजा, हर्षित राणा, मोहम्मद शमी, कुलदीप यादव।

बांग्लादेश टीम के प्लेइंग 11


तंजीद हसन, सौम्या सरकार, नजमुल हुसैन शान्तो (कप्तान), तौहीद हृदोय, मुशफिकुर रहीम (विकेटकीपर), मेहदी हसन मिराज, जाकेर अली, रिशाद हुसैन, तंजीम हसन साकिब, तस्कीन अहमद, मुस्तफिजुर रहमान।

बांग्लादेश टॉस जीत के बल्लेबाजी करे के फैसला कइलस

दुबई में मैदान पs खेलल जा रहल भारत आ बांग्लादेश के बीच होखे वाला आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 ग्रुप एs मैच में टॉस जीत के बांग्लादेश टीम के कप्तान नजमुल हुसैन शांतो पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले बाड़न.  टीम इंडिया के प्लेइंग 11 में भी हर्षित राणा के जगह मिलल बा।

इहो पढ़ीं:भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.