[the_ad_group id="30365"]

Guangzhou Delhi Flight : ग्वांगझू-दिल्ली के बीच सीधी उड़ान सुरू होई, चिनफिंग के भारत दौरा से पहिले चीन के बड़ फैसला

Jet fuel price hike in India may lead to higher flight ticket fares for domestic air travelers
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। चीनी राष्ट्रपति शी चिनफिंग के भारत दौरा से पहिले चीन के चाइना सदर्न एयरलाइंस ग्वांगझू आ नई दिल्ली के बीच सीधा विमान सेवा फेर से सुरू करे के एलान कइले बा। एयरलाइन छव साल बाद 21 सितंबर से एह रूट पs नियमित यात्री उड़ान सुरू करी। ई फैसला भारत-चीन के बीच हवाई संपर्क के मजबूत करे के दिशा में महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।

दक्षिण एशिया में बढ़ी उड़ान

चाइना सदर्न एयरलाइंस के मोताबिक, ग्वांगझू-दिल्ली सेवा सुरू होखे के बाद दक्षिण एशिया में ओकर आठ राउंड-ट्रिप रूट पs हर हफ्ता 100 से जादे उड़ान हो जाई। ग्वांगझू आ नई दिल्ली के बीच सीधा हवाई सेवा पिछिला छव साल से बंद रहे।

भारत-चीन के बीच हवाई संपर्क में सुधार

पिछिला कुछ महीना में भारत आ चीन के बीच सीधा हवाई संपर्क धीरे-धीरे सामान्य हो रहल बा। अप्रिल में एयर चाइना बीजिंग-दिल्ली उड़ान फेर से सुरू कइले रहे। ओहिजा, चाइना ईस्टर्न एयरलाइंस 18 अप्रिल से कुनमिंग आ कोलकाता के बीच सीधा उड़ान दोबारा सुरू कइले रहे।

भारतीय विमानन कंपनी इंडिगो 30 मार्च से कोलकाता आ शंघाई के बीच रोजाना नॉन-स्टॉप उड़ान सुरू कइले रहे। इंडिगो पहिले कोलकाता-ग्वांगझू सेवा बहाल कइले रहे आ बाद में दिल्ली से ग्वांगझू खातिर उड़ान सुरू कइले रहे।

ब्रिक्स समिट में सामिल होखे भारत अइलें चिनफिंग

चीन के सरकारी समाचार एजेंसी सिन्हुआ के मोताबिक, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निमंत्रण पs शी चिनफिंग 18वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में सामिल होखे खातिर बीजिंग से नई दिल्ली खातिर रवाना भइलें। भारत दौरा के दौरान उनकर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से द्विपक्षीय बैठक होखे के संभावना बा।

चिनफिंग के प्रतिनिधिमंडल में चीन के कम्युनिस्ट पार्टी के राजनीतिक ब्यूरो के स्थायी समिति के सदस्य काई क्यूई आ बिदेस मंत्री वांग यी सामिल बाड़ें।

ब्रिक्स उभरत अर्थबेवस्था वाला देसन खातिर बेयपार, वित्त, तकनीक, विकास आ वैश्विक शासन पs सहजोग के प्रमुख मंच बन चुकल बा। एह सम्मेलन में ग्लोबल साउथ के देसन के बीच सहजोग बढ़ावे पs चरचा होखे के उम्मेद बा।

Read Also: Harish Rawat Resignation : हरीश रावत कांग्रेस के संगठनात्मक पद से हटलें, पूर्व ओएसडी के घर ईडी छापा के बाद लिहलें बड़ फैसला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]