स्पोर्ट्स डेस्क। फुटबॉल प्रेमियन खातिर एगो बड़ खुसखबरी सामने आ रहल बा। जदि सब कुछ तय योजना के मोताबिक रहल तs ब्राजील के राष्ट्रीय फुटबॉल टीम अक्टूबर 2026 में भारत के दौरा कs सकेले। खबर बा कि कोलकाता के साल्ट लेक स्टेडियम में भारत आ ब्राजील के बीच एगो ऐतिहासिक अंतरराष्ट्रीय मैत्री मुकाबला खेलल जा सकेला। एह मैच के लेके ब्राजील फुटबॉल परिसंघ आ भारतीय आयोजकन के बीच बातचीत अंतिम दौर में पहुंच गइल बा।
सूत्रन के मोताबिक, ब्राजील के टीम सितंबर आ अक्टूबर के दौरान तीन अंतरराष्ट्रीय फ्रेंडली मैच खेली। एमे से दूगो मुकाबला ऑस्ट्रेलिया में पहिले से तय बा। 25 सितंबर के टाउंसविल आ 29 सितंबर के ब्रिस्बेन में मैच खेलल जाई। तीसरा मुकाबला भारत में करावे पs गंभीर विचार चल रहल बा आ कोलकाता एह खातिर सबसे मजबूत दावेदार मानल जा रहल बा।
भारतीय फैंसन के समर्थन से बढ़ल उम्मीद
बतावल जा रहल बा कि 2026 फीफा विश्व कप के दौरान भारतीय फुटबॉल प्रशंसक सोशल मीडिया पs ब्राजील टीम के जबरदस्त समर्थन दिहल लोग। भारतीय फैंस के ई पेयार देखके ब्राजील फुटबॉल परिसंघ भारत में मैच खेले के प्रति उत्साहित भइल। एह कारण से भारत दौरा के प्रस्ताव तेजी से आगे बढ़ल बा।
स्टार खिलाड़ी के देखे के मिली मवका
जदि ई मुकाबला तय हो जाला तs भारतीय दर्शकन के दुनिया के कइयन गो दिग्गज फुटबॉलरन के खेल लाइव देखे के मवका मिली। ब्राजील टीम में विनीसियस जूनियर, ब्रूनो गिमारेस, मैथियस कुन्हा आ गेब्रियल मागालाएस जइसन स्टार खिलाड़ी सामिल हो सकेलें। एह मैच से भारतीय फुटबॉल प्रेमियन में जबरदस्त उत्साह देखे के उम्मीद बा।
बांग्लादेश, सिंगापुर आ कतर से मिल रहल बा चुनौती
भारत के अलावा बांग्लादेश, सिंगापुर आ कतर ब्राजील टीम के मेजबानी करे के इच्छा जतवले बाड़ें। हालांकि आयोजन क्षमता, दर्शक समर्थन आ फुटबॉल संस्कृति के आधार पs कोलकाता के सबसे मजबूत विकल्प मानल जा रहल बा।
1977 के याद फेर ताजा हो सकेला
भारत आ ब्राजील के फुटबॉल इतिहास के सबसे यादगार पल 1977 में देखल गइल रहे, जब महान फुटबॉलर पेले न्यूयॉर्क कॉसमॉस टीम के संगे कोलकाता आइल रहलें। मोहन बागान आ न्यूयॉर्क कॉसमॉस के बीच खेलल गइल उ मैच आजुओ भारतीय फुटबॉल इतिहास के सबस बड़ा आयोजन मानल जाला।
अब जदि भारत-ब्राजील मैत्री मुकाबला के आधिकारिक मंजूरी मिल जाला, तs लगभग पांच दशक बाद कोलकाता फेर से विश्व फुटबॉल के एगो ऐतिहासिक मुकाबला के गवाह बनी। एह मैच से भारत में फुटबॉल के लोकप्रियता आ अंतरराष्ट्रीय पहचान के नया मजबूती मिले के उम्मेद बा।








