भारत के खौफ से दहल गइल पाकिस्तान, इस्लामाबाद आ लाहौर के घोषित कइलस नो फ्लाई जोन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2025

पहलगाम में आतंकी हमला करे वाला आ निर्दोष लोग के नरसंहार करे वाला आतंकियन के मालिक पाकिस्तान अब भारत से डेरा गइल बा. पाकिस्तान के कई गो नेता दावा कs रहल बाड़े कि भारत कबो

Share

भारत के खौफ से दहल गइल पाकिस्तान

पहलगाम में आतंकी हमला करे वाला आ निर्दोष लोग के नरसंहार करे वाला आतंकियन के मालिक पाकिस्तान अब भारत से डेरा गइल बा. पाकिस्तान के कई गो नेता दावा कs रहल बाड़े कि भारत कबो भी पाकिस्तान के खिलाफ लड़ाई लड़ सकेला। डर के माहौल के बीच अब पाकिस्तान सरकार अपना के बचावे खातीर एगो बड़ फैसला लेले बिया। पाकिस्तान अपना दू गो महत्वपूर्ण शहर इस्लामाबाद आ लाहौर के नो फ्लाई जोन घोषित कs दिहले बा.

दू मई ले विमान उड़ान ना भर पइहें

पाकिस्तान से आवत जानकारी के मुताबिक अब पाकिस्तान इस्लामाबाद अवुरी लाहौर पs 2 मई ले एयरमैन के ना (NOTEM) जारी कs देले बा। एकरा हिसाब से अब इs नो फ्लाई जोन होई अवुरी इहाँ कवनो विमान ना उड़ाई। बता दीं कि इस्लामाबाद आ लाहौर पाकिस्तान के सबसे महत्वपूर्ण शहरन में से एगो हs.

24 से 36 घण्टा में हमला हो सकता- पाक मंत्री

भारत के डर के अंदाजा एह बात से लगावल जा सकेला कि पाकिस्तान के सूचना मंत्री अताउल्लाह तरार देर रात सबेरे करीब दू बजे एगो प्रेस कांफ्रेंस कइलन. तरार प्रेस कांफ्रेंस में दावा कईले बाड़े कि उनुका जानकारी मिलल बा कि भारत अगिला 24 से 36 घंटा में पाकिस्तान पs हमला कs सकता। तरार अपील करत कहले कि पाकिस्तान खुद आतंकवाद के शिकार भईल बा अवुरी सही मायने में एs संकट के दर्द के समझता। हमनी के दुनिया में एकर निंदा हमेशा से करत आईल बानी जा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.