India-Pakistan Tension: मॉक ड्रिल खातीर पूरा तरह तैयार भइल देश, आज कई जगहन पs बजल जंगी सायरन

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2025

22 अप्रैल 2025 के कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बाद से भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव बढ़ गइल बा।आतंकी हमला के बाद भारत पाकिस्तान के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइलस आ सिंधु

Share

India-Pakistan Tension

22 अप्रैल 2025 के कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बाद से भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव बढ़ गइल बा।आतंकी हमला के बाद भारत पाकिस्तान के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइलस आ सिंधु जल संधि के निलंबित कs के आ राजनयिक संबंध कम दिहलस। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहले बाड़न कि आतंकी हमला के बदला जरूर लिहल जाई आ उनुकर सरकार एकरा खातिर प्रतिबद्ध बिया.

भारत के एह जिलन में काल्हु मॉक ड्रिल करावल जाई

काल्हु भारत के 244 जिला में मॉक ड्रिल करावल जाई. एह अभ्यास के दौरान लोग के युद्ध के दौरान जिए के तरीका सिखावल जाई आ सुरक्षित जगहा पs जाए के तरीका बतावल जाई. आज पंजाब से लेके महाराष्ट्र तक कई जगह युद्ध के सायरन के आवाज सुनाई देलस।

यूपी में कहां-कहां बजी जंगी सायरन?


यूपी में गाजियाबाद, झांसी, गोरखपुर, आगरा, प्रयागराज, बरेली, कानपुर, मथुरा, लखनऊ, मेरठ, मुरादाबाद, सहारनपुर, वाराणसी, बख्शी का तालाब, मुगलसराय, बागपत आ मुजफ्फरनगर में जंगी सायरन बजी।

जम्मू कश्मीर में सीमा पs बंकर में लुकाए के तैयारी

दिल्ली आ मुंबई समेत देश भर के अलग अलग शहरन में मॉक ड्रिल के तइयारी चलत बा जबकि जम्मू-कश्मीर के सीमा पs मौजूद लोग बंकर में लुकाए के तइयारी में लागल बा. उरी से लेके नौशेरा सेक्टर ले कवनो आपातकाल के स्थिति में लुकाए खातिर बंकर तैयार कईल गईल बा। बंकर में लोग के खाए-पीए के इंतजाम भी हो चुकल बा। अगर पाकिस्तान से जंग हो जाई तs एलओसी पs रहेवाला लोग के सबसे जादे निशाना पs पाकिस्तान होई। इहे कारण बा कि खाली एलओसी पs ही ना बलुक अंतरराष्ट्रीय सीमा पs भी पर्याप्त संख्या में बंकर तइयार कइल गइल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.