भारत-पाक तनाव के बीच बड़ खबर, पाकिस्तान के आर्मी चीफ से अमेरिका डायरेक्ट बात कइलस

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2025

भारत पाकिस्तान के तनाव के बीच एह घरी एगो बड़हन खबर सामने आइल बा. अमेरिका सीधे पाकिस्तान के सेना प्रमुख से बात कइले बा. अमेरिकी विदेश मंत्री असीम मुनीर से बात कइले बाड़न. अमेरिका पाकिस्तान

Share

भारत पाकिस्तान के तनाव के बीच एह घरी एगो बड़हन खबर सामने आइल बा. अमेरिका सीधे पाकिस्तान के सेना प्रमुख से बात कइले बा. अमेरिकी विदेश मंत्री असीम मुनीर से बात कइले बाड़न.

अमेरिका पाकिस्तान सेना प्रमुख से तनाव कम करे के कहलस

अमेरिकी सरकार के प्रवक्ता कहली की, “शनिचर के अमेरिकी विदेश मंत्री मार्को रूबियो पाकिस्तानी सेना प्रमुख असीम मुनीर से फोन पs बात कईले। एs दौरान रूबियो दुनो देश से तनाव कम करे के तरीका खोजे के अपील कईले। संगही उs भविष्य में टकराव से बचे खातीर रचनात्मक बातचीत शुरू करे में अमेरिका के मदद के पेशकश कईले।”

अमृतसर में देखल गइल पाकिस्तानी ड्रोन

भारतीय सेना ट्विट कईलस कि, “पाकिस्तान लगातार हमनी के पश्चिमी सीमा पs अवुरी हथियार से हमला करतिया। आज सबेरे करीब पांच बजे अमृतसर के खासा कैंट इलाका में हथियार से लैस दुश्मन के कई गो ड्रोन देखाई देलस। हमनी के वायु रक्षा टीम तुरंत कार्रवाई कs एs ड्रोन के गिरा देलस। सेना साफ तौर पs कहलस कि इs भारत के सीमा के उल्लंघन करे के कोशिश कईलस अवुरी नागरिकन के खतरा में डालल बिल्कुल बर्दाश्त ना कइल जाई भारतीय सेना दुश्मन के हर साजिश के नाकाम कs दी.

इहों पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.