भारत-ऑस्ट्रेलिया वनडे सीरीज आज से: इंडिया के लगे वर्ल्ड कप के तइयारियन के परखे के आखिरी मवका, देखीं पॉसिबल प्लेइंग-11

Share

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच तीन मैचन के वनडे सीरीज के पहिला मैच आज मोहाली के पंजाब क्रिकेट एसोसिएशन (PCA) इस्थित आईएस बिंद्रा स्टेडियम में खेलल जाई। मैच भारतीय टाइमिंग के मोताबिक दुपहरिया 1:30 बजे सुरू होई। टॉस 1:00 बजे होई।

एह सीरीज में टीम इंडिया के लगे अपना वर्ल्ड कप के तइयारियन के परखे के आखिरी मवका होई। एह मैदान पs भारतीय टीम ऑस्ट्रेलिया से 4 साल बाद खेली। इहां पिछला मैच में ऑस्ट्रेलिया टीम इंडिया के 4 विकेट से हरवले रहे।

भारतीय सिलेक्टर्स वर्ल्ड कप से पहिले टीम के 5 सीनियर खिलाड़ियन के रेस्ट देले बा लो। रोहित शर्मा, विराट कोहली, हार्दिक पंड्या, अक्षर पटेल आ कुलदीप यादव के सीरीज के सुरुआती 2 मैचन से आराम दिहल गइल बा।

हेड टु हेड

वनडे फॉर्मेट में हेड टु हेड आंकड़न में ऑस्ट्रेलियाई टीम मजबूत बिया। दुनो के बीच कुल 14 सीरीज खेलल गइल बा, जेमे 8 में ऑस्ट्रेलिया आ 6 में भारत के जीत मिलल बा। भारत में दुनों के बीच 11 सीरीज खेलल गइल बा, 6 में ऑस्ट्रेलिया आ 5 में भारत के जीत मिलल बा।

दुनो टीमन के बीच आखिरी सीरीज एही साल मार्च में भारत में खेलल गइल रहे, जवना के ऑस्ट्रेलिया 2-1 से जीतले रहे।  मोहाली में दुनो टीमन के बीच 5 वनडे खेलल गइल, 4 में ऑस्ट्रेलिया आ मात्र एगो में भारत के जीत मिलल। भारत के आखिरी जीत 1996 के ट्राई सीरीज में मिलल रहे।

शुभमन गिल एह साल भारत के टॉप स्कोरर

केएल राहुल ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला बेर भारत के कप्तानी करिहें। उनका कप्तानी में भारत अब तक 7 वनडे खेलले बा, 4 में टीम के जीत आ 3 में हार मिलल। मैच से पहिले कोच राहुल द्रविड़ सूर्यकुमार यादव आ रविचंद्रन अश्विन के बचाव कइलें, दुनो खिलाड़ी आज के मैच खेली लो। इंजरी से वापसी कर रहल श्रेयस अय्यरो टीम के हिस्सा होइहें।

साल 2023 में वनडे क्रिकेट में भारत खातिर शुभमन गिल टॉप स्कोरर रहल बाड़ें। ओहिजा, कुलदीप यादव टॉप विकेटटेकर रहल बाड़ें।

स्टार्क आ मैक्सवेल ना खेली लो

ऑस्ट्रेलिया टीम वर्ल्ड कप के 14 खिलाड़ी आ 6 एक्स्ट्रा प्लेयर्स के संगे भारत के खिलाफ सीरीज खेले उतरी रहल बिया। पहिला वनडे में इंजर्ड मिचेल स्टार्क आ ग्लेन मैक्सवेल ना खेल सकी लो। टीम एह लोगन के जगे स्पेंसर जॉनसन आ मार्नस लाबुशेन के प्लेइंग-11 में सामिल कs सकत बिया।

साल 2023 में वनडे क्रिकेट में ऑस्ट्रेलिया खातिर मार्नस लाबुशेन सबसे जादे रन बनवले बाड़ें। ओहिजा, एडम जम्पा टॉप विकेटटेकर रहल बाड़ें।

दुनो टीमन के पॉसिबल प्लेइंग-11…

भारत : केएल राहुल (कप्तान), शुभमन गिल, ईशान किशन, श्रेयस अय्यर, सूर्यकुमार यादव, रवींद्र जडेजा, वॉशिंगटन सुंदर/ शार्दूल ठाकुर, रविचंद्रन अश्विन, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद शमी आ मोहम्मद सिराज/ प्रसिद्ध कृष्णा।

ऑस्ट्रेलिया: पैट कमिंस (कप्तान), डेविड वॉर्नर, मिचेल मार्श, स्टीव स्मिथ, मार्नश लाबुशेन, एलेक्स कैरी (विकेटकीपर), मार्कस स्टोइनिस, कैमरून ग्रीन, एडम जंपा, जोश हेजलवुड/ स्पेन्सर जॉनसन आ एश्टन एगर।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-