[the_ad_group id="30365"]

IND W vs THAI W : बल्लेबाजन के निराशाजनक प्रदर्शन के बाद गेंदबाजन के कमाल, थाईलैंड के खिलाफ जीत से सुरुआत

India Women vs Thailand Women Asia Cup 2026
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। महिला एशिया कप 2026 में भारत जीत के संगे अपना अभियान के सुरुआत कइले बा। टीम इंडिया थाईलैंड के 94 रन से हरा देलस। भारत खातिर बल्लेबाजी में शेफाली वर्मा सानदार खेल देखावत अर्धशतक लगवली। शेफाली के अर्धशतक के बदौलत भारत 159 रन के सम्मानजनक स्कोर खड़ा कइलस।

भारतीय टीम मुकाबला में सानदार सुरुआत कइले रहे, बाकिर 10 ओवर के बाद बल्लेबाजन के प्रदर्शन खराब हो गइल। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी वाली टीम के 58 रन पs 7 विकेट गिर गइल। एक समय लागल कि थाईलैंड मैच में वापसी कs लेले बा, बाकिर भारतीय गेंदबाज सानदार गेंदबाजी करत मैच भारत के झोली में डाल दिहल लो।

स्मृति मंधाना रचली इतिहास

टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल टीम इंडिया के सुरुआत सानदार रहल। स्मृति मंधाना आ शेफाली वर्मा क्रीज पs आके ताबड़तोड़ बल्लेबाजी सुरू कइल। दुनो बल्लेबाज पहिला विकेट खातिर 38 रन के साझेदारी कइल लो।

हालांकि, स्मृति मंधाना 19 रन बनाके रन आउट हो गइली आ बड़ पारी खेले से चूक गइली। 19 रन पs आउट होखला के बादो मंधाना इतिहास रच देली। ऊ महिला इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे जादे रन बनावे वाली बल्लेबाजन में दूसरा नंबर पs पहुंच गइली।

अब मंधाना से आगे खाली भारत के पूर्व कप्तान मिताली राज बाड़ी। मंधाना न्यूजीलैंड के सूजी बेट्स के पीछे छोड़ देली। मिताली राज के नामे 10,868 रन दर्ज बा, जबकि मंधाना 10,756 रन के संगे दूसरा स्थान पs बाड़ी।

शेफाली वर्मा लगवली सानदार अर्धशतक

थाईलैंड के खिलाफ शेफाली वर्मा सानदार पारी खेलली। ऊ 36 गेना में 64 रन बनवली, जवना में 8 चौका आ 3 छक्का सामिल रहल। शेफाली के अलावा टीम इंडिया के कवनो आउर बल्लेबाज बड़ पारी ना खेल सकल लो। एह वजह से भारतीय टीम बड़ स्कोर खड़ा ना कs सकल।

भारत 10 ओवर में 100 रन के आंकड़ा पार कs लेले रहे। एह समय टीम के मात्र दूगो विकेट गिरल रहे। बाकिर एकरा बाद थाईलैंड के गेंदबाज सानदार वापसी कइल लो आ भारतीय बल्लेबाजन पs दबाव बना दिहल।

टीम इंडिया अगिला 10 ओवर में खाली 58 रन बना पवलस आ सात विकेट गंवा दिहल। आखिरी ओवर में क्रांति गौड़ खुल के बल्लेबाजी कइली। ऊ एगो चौका आ एगो छक्का लगाके भारत के स्कोर 150 रन के पार पहुंचा दिहली। क्रांति 15 रन बनाके नाबाद रहली।

भारतीय गेंदबाज दिखावल लो दम

160 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल थाईलैंड के सुरुआत खराब रहल। क्रांति गौड़ पहिलके ओवर में थाईलैंड के झटका दे देली। एकरा बाद नंदिनी शर्मा फन्नीता माया के क्लीन बोल्ड करत 6 रन के स्कोर पs आउट कइली आ भारत के दूसरका सफलता दिलवली। श्री चरणी सानदार गेंदबाजी कइली। ऊ अफिसारा सुवांचोनराथी आ चानिडा सुथिरुआंग के आउट कइली।

दीप्ति शर्मा एके ओवर में थाईलैंड के दूगो झटका देली। खास बात ई रहल कि दीप्ति मेडन ओवर डलली। ऊ नाओमी हैमिल्टन आ नन्नाफात चाईहान के आउट कs के थाईलैंड के मुश्किल में डाल देली।

भारत 94 रन से मुकाबला जीतल

भारतीय गेंदबाजन के सानदार प्रदर्शन के दम पs टीम इंडिया थाईलैंड के 94 रन से हरा देलस। भारत खातिर दीप्ति शर्मा आ नंदिनी शर्मा सबसे सफल गेंदबाज रहल लो। दुनो गेंदबाज तीन-तीन विकेट लिहल लो।

दीप्ति शर्मा के गेंदबाजी बहुते सानदार रहल आ अपना स्पेल में ऊ कवनो रन ना देली। भारतीय गेंदबाजन के दमदार प्रदर्शन से भारत महिला एशिया कप 2026 में जीत के संगे अपना अभियान के आगाज कइलस।

Read Also: UP Encounter : अंकित बालियान हत्याकांड में सामिल दूगो शूटर ढेर, मुठभेड़ में दूगो पुलिसकर्मी घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]