[the_ad_group id="30365"]

UP Encounter : अंकित बालियान हत्याकांड में सामिल दूगो शूटर ढेर, मुठभेड़ में दूगो पुलिसकर्मी घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शामली। कोतवाली इलाका में पुलिस आ दूगो बदमाशन के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह मुठभेड़ में दुनो बदमाश मारल गइल बाड़ें सs। बतावल जा रहल बा कि दुनो शूटर अंकित बालियान हत्याकांड में सामिल रहले सs। दुनो बदमाशन पs पुलिस 50 हजार रुपिया के इनाम घोषित कइले रहे।

एसपी एनपी सिंह बतवलें कि भोर में करीब चार बजे पुलिस के सूचना मिलल कि अंकित बालियान हत्याकांड में सामिल दूगो शूटर शामली के ओर आ रहल बाड़ें सs। सूचना मिलतही सब थाना के पुलिस टीम के मवका पs बोलावल गइल।

पुलिस के देख के बदमाश चकमा देत मन्ना माजरा के ओर भागे लगले सs आ होटल राजमहल के लगे पहुंचला पs पुलिस टीम पs फायरिंग सुरू कs देले सs। एह फायरिंग में एगो गोली पुलिस के गाड़ी में लागल।

फायरिंग के दौरान दूगो पुलिसकर्मी गोली लगला से घायल हो गइल बा लो। पुलिस टीम जवाबी कार्रवाई करत फायरिंग कइलस, जवना में दुनो बदमाश ढेर हो गइले सs। पुलिस घायल पुलिसकर्मी आ दुनो बदमाशन के अस्पताल पहुंचवलस।

मृत बदमाशन के पहचान सुमित पुत्र धर्मपाल आ मोहित के रूप में भइल बा। दुनो हरियाणा के सोनीपत जिला के राझडा गांव के निवासी बतावल जा रहल बाड़े सs।

घटना के जानकारी मिलला के बाद एसपी एनपी सिंह सहित वरिष्ठ पुलिस अधिकारी मवका पs पहुंचल लो। पुलिस पूरा ममिला के जांच में जुटल बिया।

Read Also: 31 अगस्त 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]