नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल केंद्रीय कैबिनेट के बैठक में देस के बुनियादी ढांचा, रेलवे, कृषि आ मैन्युफैक्चरिंग सेक्टर से जुड़ल कइयन गो बड़ फैसला पs मुहर लगावल गइल। कुल 2,19,353 करोड़ रुपिया के परियोजनन के मंजूरी मिलल, जवना से देस के कनेक्टिविटी, औद्योगिक विकास आ रोजगार के नया गति मिले के उम्मेद बा।
वाराणसी में बनी 6 लेन ग्रीनफील्ड एलिवेटेड कॉरिडोर
कैबिनेट एनएच-19 (NH-19) आ वाराणसी रिंग रोड के बीच 6 लेन ग्रीनफील्ड एलिवेटेड कॉरिडोर बनावे के मंजूरी देलस। एह परियोजना पs करीब 14,447.64 करोड़ रुपिया खर्च होई। सरकार के माने के बा कि एकरा से वाराणसी में ट्रैफिक जाम कम होई आ यात्रा तेज, सुरक्षित आ आसान बन जाई।
एकरा अलावे वरुणा नदी के किनारे 6 लेन आ 4 लेन के एलिवेटेड कॉरिडोर बनावल जाई, जवना पs 10,998 करोड़ रुपिया खर्च कइल जाई। एकरा से स्थानीय आवागमन में बड़ सुधार होखे के संभावना बा।
रेलवे आ कृषि क्षेत्र खातिर लिहल गइल बड़ फैसला
केंद्रीय कैबिनेट कृषि आ रेलवे क्षेत्र खातिर कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला लेलस।
- घरेलू यूरिया उत्पादन बढ़ावे खातिर राष्ट्रीय निवेश नीति-2026 के मंजूरी मिलल।
- ओडिशा के पारादीप-हरिदासपुर रेल लाइन के दोहरीकरण खातिर 2,542 करोड़ रुपिया मंजूर भइल।
- डांगोआपोसी-राजखरसावां रेल लाइन पs चउथा लाइन बिछावे खातिर 1,365 करोड़ रुपिया के स्वीकृति मिलल।
- सेमीकंडक्टर आ मोबाइल निर्माण पs सबसे बड़ निवेश
भारत के तकनीकी रूप से आत्मनिर्भर बनावे खातिर सरकार सेमीकंडक्टर 2.0 योजना के मंजूरी देलस। एह योजना पs 1,27,500 करोड़ रुपिया खर्च कइल जाई, ताकि भारत वैश्विक चिप निर्माण के बड़ केंद्र बन सके।
एकरा अलावे मोबाइल फोन मैन्युफैक्चरिंग योजना (MPMS) खातिर 62,500 करोड़ रुपिया के मंजूरी मिलल बा। सरकार के उम्मेद बा कि एकरा से देस में मोबाइल निर्माण बढ़ी, निवेश आई आ लाखन नया रोजगार के अवसर पैदा होई।
देस के विकास के मिली नया रफ्तार
सरकार के अनुसार, एह बड़ निवेश पैकेज से सड़क, रेलवे, उद्योग, कृषि आ टेक्नोलॉजी क्षेत्र में तेज विकास होई। संगही, भारत के वैश्विक मैन्युफैक्चरिंग हब बनावे के दिशा में ई फैसला अहम डेग मानल जा रहल बा।









