IND AUS Test : ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ धमाल मचावे के तइयार रवींद्र जडेजा, NCA पास कइलस फिटनेस टेस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2023

  Ind vs Aus 2023 Test: Ravindra Jadeja ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 9 फरवरी से सुरू हो रहल बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी से पहिले भारतीय क्रिकेट खातिर बड़ खुशखबरी आइल बा। ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा के राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी

Share

 

Ind vs Aus 2023 Test: Ravindra Jadeja ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 9 फरवरी से सुरू हो रहल बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी से पहिले भारतीय क्रिकेट खातिर बड़ खुशखबरी आइल बा। ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा के राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी (NCA) नागपुर में टेस्ट खेले के मंजूरी दे देले बा। क्रिकबज के मोताबिक बुध के रवींद्र जडेजा फिटनेस टेस्ट पास कइलें। जडेजा अब पूरा तरे फिट बाड़े आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला टेस्ट मैच में खेलत दिखाई दे सकत बाड़े।

गौर करे आला बात बा कि जडेजा आखिरी बार अगस्त 2022 में दुबई में एशिया कप में भारत खातिर खेलले रहस। उहां घुटना के चोट के कारण उनका सर्जर करवावे के पड़ल रहे, जवना से ऊ  पांच महीना खातिर क्रिकेट के मैदान से बाहर हो गइल रहस। ऊ ऑस्ट्रेलिया में टी20 विश्व कप खातिर टीम में सामिल ना हो सकल रहे। हालांकि, उनका के बांग्लादेश दौरा खातिर टीम में सामिल कइल गइल रहे, बाकिर बाद में पूरा तरे से फिट ना होखला के चलते उनकर नाम वापस ले लिहल गइल रहे।

तमिलनाडू के खिलाफ रणजी में कइलें बेहतरीन गेंदबाजी

बता दीं कि हाले में जडेजा तमिलनाडु के खिलाफ सौराष्ट्र के खातिर रणजी ट्रॉफी में हिस्सा लेले रहस। ऊ मैंच में सात विकेट लेलें। अपना प्रदर्शन से साबित कइलें की ऊ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पूरा तरे तैयार बाड़े। ओहिजा, मध्यक्रम के बल्लेबाज श्रेयस अय्यर चोट के चलते पहिला दु टेस्ट से टीम से बाहर हो गइल बाड़े। अय्यर के पीठ के चोट के कारण न्यूजीलैंड सीरीज से बाहर कs दिहल गइल रहे।

श्रेयस के खेलल संदिग्ध

ऊ ऑस्ट्रेलिया के संगे टेस्ट के सुरुआत से पहिले फिट होखे  खातिर एनसीए के तुरंत रिपोर्ट कइले रहस। अय्यर के फिटनेस इस्थिति के निगरानी करे वाला लोग अभी तक स्पष्ट रूप से उनका के नागपुर टेस्ट में हिस्सा ना लेवे के सलाह देले बा। ऊ बेंगलुरु में एनसीए में बनल रहिहें आ दिल्ली में 17 फरवरी से सुरू होखे वाला दूसरका टेस्ट खातिर उपलब्ध होखे खातिर अपना रिहैब पs काम करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.