[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics : सुरक्षा घटवला पs बिहार में बवाल, पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी अपना आवास से सुरक्षाकर्मियन के लवटवली, अपमान के आरोप लगवली

Bihar Security Row
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी आ राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के सुरक्षा बेवस्था में बदलाव के बाद राज्य के राजनीति गरमा गइल बा। एक ओर राबड़ी देवी 10 सर्कुलर रोड पs इस्थित सरकारी आवास खाली करे के मुद्दा पs सरकार से टकराव के इस्थिति में बाड़ी, तs ऊ सनिचर के अपना आवास के बाहर तैनात सब सुरक्षाकर्मियन के वापस भेज देली।

राबड़ी देवी के सरकारी आवास के बाहर पसरल सन्नाटा

सनिचर के सबेरे राबड़ी देवी के सरकारी आवास के बाहर एको सुरक्षाकर्मी नजर ना आइल। पूरा इलाका सुनसान देखाई पड़त रहे। एह घटना के बाद राष्ट्रीय जनता दल (राजद) बिहार सरकार पs सुरक्षा में कटौती के आरोप लगावत जोरदार हमला बोलले बा।

राजद के आरोप – अपमानित करे के कोसिस

राजद प्रवक्ता शक्ति सिंह यादव कहलें कि पार्टी अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव आ पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी सरकार के ओर से उपलब्ध करावल गइल सुरक्षा वापस कs देले बाड़ें। उनकर आरोप बा कि राज्य सरकार अपना राजनीतिक आका लोगन के इशारा पs लालू-राबड़ी परिवार के सुरक्षा में भारी कटौती कइले बिया।

शक्ति सिंह यादव कहलें कि ई डेग ओह लोग के अपमानित करे के मंशा से उठावल गइल बा। उनका मोताबिक, कबो सरकारी मकान खाली करे के दबाव बनावल जा रहल बा तs कबो सुरक्षा घटा के अपमानित करे के कोसिस हो रहल बा। ऊ कहलें कि ई राजनीति ना, बलुक विपक्ष के कमजोर आ बदनाम करे के साजिश बा।

राजद नेता लवटा सकत बा लोग सुरक्षा

राजद प्रवक्ता इहो संकेत देलें कि आवे वाला दिनन में पार्टी के आउर कइयन गो नेता सरकार से मिलल सुरक्षा वापस कs सकेला लोग। उनका कहनाम बा कि लोकतंत्र में जनता सबसे बड़ मालिक होले आ विपक्ष जनता के भरोसा पs आगे बढ़ेला।

लालू-राबड़ी के जेड प्लस सुरक्षा खत्म

असल में, सुक के बिहार सरकार राज्य सुरक्षा समिति के सिफारिश पs लालू प्रसाद यादव आ राबड़ी देवी के मिलल जेड प्लस श्रेणी के सुरक्षा समाप्त कs देलस। अब विशेष सुरक्षा दल (एसएसजी) के सुरक्षा देवे के फैसला लिहल गइल बा।

नया बेवस्था के अनुसार राबड़ी देवी के बिहार विशेष सशस्त्र पुलिस (बीसैप) के 2 से 8 हाउस गार्ड, सादा लिबास में 3 महिला अंगरक्षक, 3 वर्दीधारी अंगरक्षक, एगो बुलेटप्रूफ वाहन, पायलट वाहन आ एस्कॉर्ट वाहन उपलब्ध करावल जाई।

Read Also: 06 जून 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]