[the_ad_group id="30365"]

Oil Tanker Attack : अमेरिका के हमला में 3 भारतीय नाविकन के मौत, ओमान तट पर तेल टैंकर हादसा से मचलल हड़कंप

MT Settebello Attack
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। ओमान के तट के लगे स्ट्रेट ऑफ होर्मुज के पास वाणिज्यिक जहाज एमटी सेट्टेबेलो पs भइल हमला में तीन भारतीय नाविकन के मौत हो गइल बा। एह घटना के बाद समुद्री सुरक्षा आ अंतरराष्ट्रीय तनाव के लेके सवाल उठे लागल बा।

फॉरवर्ड सीमेन यूनियन ऑफ इंडिया (FSUI) के महासचिव मनोज यादव घटना पs दुख जतावत दावा कइले बाड़ें कि अमेरिकी नौसेना के जहाज पs सवार क्रू सदस्यन के नागरिकता के पूरा जानकारी रहे।

24 भारतीय क्रू सदस्य में से 21 के बचावल गइल

बिदेस मंत्रालय (MEA) एह हमला के कड़ा निंदा कइले बा। मंत्रालय के मोताबिक जहाज पs कुल 24 भारतीय क्रू सदस्य मवजूद रहे लोग, जवना में से 21 लोग के सुरक्षित बचा लिहल गइल बा। बाकी तीन भारतीय नाविकन के मौत के पुष्टि हो गइल बा।

ओमान इस्थित भारतीय दूतावास स्थानीय प्रशासन के संगे मिलके राहत आ बचाव अभियान पs नजर रखले बा। लापता नाविकन के तलाश के दौरान तीनो के मृत पावल गइल।

अलग-अलग राज्य के रहे लाेग तीनो मृत नाविक

FSUI के जानकारी के मोताबिक हमला में जान गंवावे वाला तीनो भारतीय नाविक देस के अलग-अलग हिस्सा से रहे लोग। मृतकन में हिमाचल प्रदेश, उत्तर प्रदेश के देवरिया आ आंध्र प्रदेश के नाविक सामिल रहे लोग।

यूनियन के मोताबिक मृतक नाविकन के पहचान आदित्य शर्मा (डेक कैडेट), शिवानंद चौरसिया (इंजन फिटर) आ पटनाला सुरेश (चीफ इंजीनियर) के रूप में भइल बा।

अमेरिका के जानकारी पs उठल सवाल

मनोज यादव कहलें कि ऊ ई बात माने खातिर तइयार नइखन कि अमेरिकी नौसेना के जहाज पs सवार लोगन के राष्ट्रीयता के जानकारी ना रहे। उनका दावा बा कि अमेरिका के पता रहे कि जहाज पs कतना भारतीय आ बिदेसी नागरिक मवजूद रहे लोग।

ऊ कहलें कि अगर जहाज निरदेस के पालन ना करत रहे तs हिरासत में लेवे जइसन कदम उठावल जा सकत रहे। फिलहाल घटना के जांच आ पूरा जानकारी जुटावे के काम जारी बा। ओमान तट पs भइल एह हमला से भारतीय नाविकन के सुरक्षा पs नया चिंता खड़ा हो गइल बा।

Read Also: MRM Portal : साइबर ठगी में डूबल पईसा अब मिली वापस! जानीं गृह मंत्रालय के नया एमआरएम पोर्टल के पूरा तरीका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]